[the_ad_group id="30365"]

12 नवंबर 2022 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 12/11/2022
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्थी

दिन में 08 बजके 29 मिनट ले,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन-सनीचर।

मृगशीर्षा नक्षत्र

दिन में 06 बजके 53 मिनट ले,

ओकरा बाद आद्रा नक्षत्र।

सिद्ध जोग

रात में 10 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद साध्य जोग।

बव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 13/11/2022

मार्गशीर्षा कृष्ण पक्ष

तिथि- पंचमी

रात में 10 बजके 32 मिनट ले।

दिन- अतवार।

आद्रा नक्षत्र

दिन में 09 बजके 18 मिनट ले।

साध्य जोग

रात में 10 बजके 37 मिनट ले।

कौलव करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

कारोबार में नया अनुबंध लाभदायक रहीं। समय के दुरुपयोग ना करीं। लमहर समय से रुकल पईसा कोसिस कइला से प्राप्त होई। दिन प्रसन्नतापूर्वक बीती। सामाजिक क्षेत्र विकसित होई।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

दिन अनुकूल रही। पारिवारिक जिनगी उत्साहपूर्ण रही। बेयपार लाभप्रद रही। दूसर केहु के कामन में हस्तक्षेप मत करीं। अचानले धन मिलला के जोग बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

बेयपार में अवरोध आ सकत बा। संतान के ओर धेयान देहल जरूरी बा। राउर दूरदर्शिता आ बुद्धिमानी से कामन में सफलता प्राप्त होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

मनचाहा नौकरी मिल सकत बा । दांपत्य जिनगी सुखद रहला के संगही नौकरी में दिन शानदार रही। खीस प नियंत्रण रखीं। महत्वपूर्ण लाभ के अवसर प्राप्त होई। समाज में राउर कामन के प्रशंसा होई। जात्रा सम्भव बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

कारोबार में लाभ के अवसर मिली। परिवार, समाज में राउर महत्व बढ़ी। सुख-समृद्धि बढ़ी। सोच-समझके निर्णय लेला प लाभ होई। बेयपारिक प्रतिस्पर्धा में मत पड़ीं।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कला के कामन में रुचि बढ़ी। बेयपार-व्यवसाय में सुअवसर प्राप्त हो सकी। लाभ होखला के संभावना बनत बा। नया प्रस्ताव मिली। विवाह जोग जातकन खातिर समय शुभ बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

दिन के सुरुआत व्यस्त्ता से भरल रही। पारिवारिक जिनगी में हर्ष हो सकत बा। धार्मिक रुचि बढ़ी। जल्दबाजी नुकसानदायक रही। बेयपार में नया योजनन के सुरुआत होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

व्यापार में कर्जा लेवे के पड़ सकत बा। अनुकूल परिणाम खातिर सक्रियता आ निश्चितता आवश्यक बा। विशेष लाभ के कारण मन में प्रसन्नता रही। सन्तान सुख मिली।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

 लमहर समय के बाद बेयपार अच्छा चली। परिवार से सहजोग मिली। कार्यक्षेत्र में बढ़न्ती के जोग होखला के चलते संबंध आ परिचय क्षेत्र बढ़ी। बोलचाल में कटुता ना आवे दीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

 कार्यस्थल प अपना जिम्मेदारी के ओर विशेष धेयान दीं। पूंजी निवेश लाभदायी रही। परिवार के समस्या रही। रचनात्मक काम होई। कार्यक्षेत्र में सम्मान मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

कम समय में काम पूरा होई। सामाजिक कामन से सुयश आ प्रभाव में बढ़न्ती होई। स्थायी संपत्ति के प्राप्ति के जोग बा। बेयपार में नया योजनन के शुभारंभ होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

अपना बेवहार में बदलाव ले आईं। वाहन, मकान आदि के खरीदी के जोग बनी। बेयपारिक काम से कइल गइल यात्रा लाभप्रद होई। संतान के ओर से सुखदायक समाचार मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]