Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महाराष्ट्र में दु बड़ सड़क हादसन में 12 के मउत, बुलढाणा में 7, अमरावती में एके ही परिवार के 5 सदस्य स गंवइने जान

732

 

बुलढाणा में भईल भयावह सड़क दुर्घटना के बाद मौका पे अराजकता के माहौल बनल, लोग के बीच चीख-पुकार मच गइल। दुनो गाड़ी के ड्राइवर के कटर मशीन से बस अवुरी ट्रक के काट के बाहर आवे के पड़ल।

बुलढाणा : महाराष्ट्र के बुलढाणा में आज सबेरे एगो भयानक सड़क दुर्घटना हो गईल। राज्य परिवहन बस आ ट्रक के टक्कर हो गइल जवना में 7 लोग के मउत हो गइल। जवना में से 5 लोग के मौका पे मउत हो गईल, जबकि 12 लोग घाही हो गईले। ए दुर्घटना में बस चालक अवुरी ट्रक चालक दुनो के मउत हो गईल बा। जानकारी मिलते गांव के लोग मौका पे जाके घाही लोग के मदद कईले। दुनो गाड़ी के चालक के कटर मशीन से गाड़ी काट के बाहर आवे के पड़ल।

इ हादसा आज यानी मंगलवार के सबेरे नागपुर-पुणे राजमार्ग पे भईल। बतावल जाता कि बस पुणे से बुलढाणा के महेकर जात रहे, ए बीच ट्रक से टकरा गईल। एकरा बाद मौका पे अराजकता के माहौल बन गईल, लोग के बीच ह्यू अवुरी चीख मच गईल। घायल लोग के सिंदखेड राजा मेहकर ग्रामीण अस्पताल में इलाज करावल गइल बा। एह हादसा में बस के बहुते नुकसान भइल बा।

 

 

 

 

551890cookie-checkमहाराष्ट्र में दु बड़ सड़क हादसन में 12 के मउत, बुलढाणा में 7, अमरावती में एके ही परिवार के 5 सदस्य स गंवइने जान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.