[the_ad_group id="30365"]

स्वामी प्रसाद के निजी सचिव समेत 12 पर मुकदमा, हत्या के कोशिश अउर छेड़छाड़ के आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सपा नेता स्वामी प्रसाद मौर्य के निजी सचिव सज्जाद समेत 12 अन्य पर गोमतीनगर निवासी महिला के हत्या के कोशिश अउर छेड़छाड़ के आरोप लगा के मुकदमा दर्ज करवले बानें। पीड़िता अतवार रात के गोमतीनगर थाना में तहरीर देहली। आरोप बा कि सज्जाद उनके बहिन के फंसा के रखले बानें।

इंस्पेक्टर गोमती नगर दिनेश चंद्र मिश्रा के मुताबिक, शारदा अपार्टमेंट में रहे वाली महिला के कहनाम बा कि उनकर बहिन सरकारी अफसर हई। एही अपार्टमेंट में सज्जाद भी रहेंने। महिला के बहन अउर सज्जाद में कुछ समय से निम्मन जान-पहचान रहे। महिला के शक रहल कि सज्जाद दू साल से उनके बहन के फंसा रखलें बानें।

महिला के अनुसार, नौ अक्तूबर के रात ऊ छोटी बहन अउर अन्य रिश्तेदारन के संगे रात के वक्त 1090 चौराहा पर आइसक्रीम खात रहली। एह बीच सपा नेता के काफिला निकलल। महिला बहिन अउर रिश्तेदारन के संगे ले के कार से काफिला पीछा कइलें।

स्वामी प्रसाद मौर्य के घर पहुंचले पर महिला उनसे मिलले के बात कहली। एही बीच सज्जाद स्वामी प्रसाद मौर्य के बतवलें कि ऊ महिला कई दिन से पीछा करत रहली। एही बीच महिला सज्जाद पर बहन के परेशान करे के आरोप लगवलस। सब बात सुनले के बाद स्वामी प्रसाद मौर्य अंदर चल गइलें।

आरोप बा कि सज्जाद अउर अन्य गार्ड सब मिल के उनके, उनकरे बहन अउर अन्य रिश्तेदारन के पिटलें। एक गार्ड उनके रिश्ते के भाई के कनपटी पर पिस्टल लगा के फायर कइलें। गनीमत रहली कि ई मिस हो गइल। आरोप बा कि महिला के बहिन के कपड़ा फाड़ दिहल गइल। कौनो तरे महिला जान बचा के घरे पहुंचली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]