[the_ad_group id="30365"]

11 मार्च 2023 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-11/03/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्थी

रात में 10 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन- सनीचर।

चित्रा नक्षत्र

दिन के 07 बजके 11 मिनट ले

ओकरा बाद स्वाति नक्षत्र।

ध्रुव जोग

रात में 07 बजके 51 मिनट ले,

ओकरा बाद व्याघात जोग।

बव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 12/03/2023

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- पंचमी

रात में 10 बजके 01 मिनट ले।

दिन- अतवार।

स्वाति नक्षत्र

दिन में 08 बजके 00 मिनट ले।

व्याघात जोग

सांझ के 06 बजके 42 मिनट ले।

कौलव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेवसायिक प्रयास फलीभूत होई। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। रचना के कोसिस सफल होई। शासन सत्ता के सहजोग मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

यात्रा देशाटन के इस्थिति सुखद आ उत्साहवर्धक होई। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। बेवसायिक कोसिस फलीभूत होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। संतान के दायित्व के पूर्ति होई। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में चल रहल प्रयास सार्थक होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

घर के काम में व्यस्तता बढ़ी। आर्थिक ममिलन में सफलता मिली। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। यात्रा देशाटन के संभावना बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

कइल गइल पुरुषार्थ सार्थक होई। दांपत्य जिनगी सुख से भरल होई। रिश्तन में प्रगाढ़ता आई। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

धन, यश, कीर्ति में बढ़न्ती होई। रचना के कोसिस सार्थक होई। दांपत्य जिनगी सुख से भरल होई। दोसरा से सहजोग लेवे में सफलता मिली।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

मंगल के परिवर्तन सुखद होई। दांपत्य जिनगी में सुखद परिवर्तन होई। रचना के कोसिस फलीभूत होई। जीवनसाथी के सहजोग रही।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

मंगल के परिवर्तन स्थानांतरण, विभागीय परिवर्तन भा बेकार के वाद-विवाद में फंसा सकत बा। स्वास्थ के प्रति सचेत रहला के आवश्यकता बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

मंगल के परिवर्तन आर्थिक रूप से उत्तम होई। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। चलल आ रहल परेसानी दूर होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

मंगल के परिवर्तन कुछ पारिवारिक समस्या दी। निजी सुख में बेवधान आ सकत बा। कवनो अइसन काम मत करीं जवन रउआ खातिर कष्टदायक होखे।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

मंगल के परिवर्तन संतान खातिर सहायक होई। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पुरा होई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

मंगल के परिवर्तन चल भा अचल संपत्ति में बढ़न्ती कराई। रचना के कोसिस सफल होई। शासन सत्ता से सहजोग मिल सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]