Crime: गुजरात में 11 साल के लइकी के साथे दुष्कर्म

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 24, 2024

गुजरात के भरूच जिला के एगो औद्योगिक इलाका में अपहरण के बाद बलात्कार भईल 11 साल के एगो मासूम लईकी के सोमार के सांझ के वडोदरा के एगो सरकारी अस्पताल में एक सप्ताह ले जान

Share

11 साल के लइकी के साथे दुष्कर्म

गुजरात के भरूच जिला के एगो औद्योगिक इलाका में अपहरण के बाद बलात्कार भईल 11 साल के एगो मासूम लईकी के सोमार के सांझ के वडोदरा के एगो सरकारी अस्पताल में एक सप्ताह ले जान के लड़ाई लड़ला के बाद मउत हो गईल। अधिकारी इs जानकारी देले। अस्पताल के अधिकारी बतवले कि बलात्कार में पीड़िता के गंभीर रूप से आंतरिक चोट लागल बा, जवना के बाद भरुच जिला के औद्योगिक शहर अंकलेश्वर के सिविल अस्पताल में प्राथमिक चिकित्सा के बाद ओकरा के वडोदरा के एसएसजी अस्पताल में भेज दिहल गईल।

घर के लगे खेलत लइकी के अपहरण कइलस

एसएसजी अस्पताल के रेजिडेंट मेडिकल ऑफिसर डॉ. हितेंद्र चौहान बतवले कि, दुपहरिया के करीब 2 बजे लईकी के दिल के दौरा पड़ल, जवना के बाद ओकर हालत बिगड़ गईल।  हालांकि इलाज के बाद उनुकर हालत स्थिर हो गईल, बाकिर रात के करीब 5:15 बजे उनुका के फेर से दिल के दौरा पड़ गईल।  डॉक्टर तुरंत इलाज कईले, बाकिर साँझ 6:15 बजे उनुकर मउत हो गईल।” उs कहले कि नाबालिग लईकी के हालत तब बिगड़ गईल जब सेप्सिस (संक्रमण चाहे चोट के चलते जानलेवा प्रतिक्रिया) ओह लइकी के शरीर में फईल गईल. जवना के चलते ओकर अंग काम कईल बंद कs देलस अवुरी ओकरा चलते दिल के दौरा पड़ गइल.

झारखंड निवासी आरोपी गिरफ्तार

मामला के एक दिन बाद पुलिस झारखंड निवासी 36 साल के आरोपी के गिरफ्तार कs लेले रहे।  झारखंड में हेमंत सोरेन सरकार के मंत्री कांग्रेस नेता दीपिका पाण्डेय सिंह के नेतृत्व में तीन सदस्यीय प्रतिनिधिमंडल पिछला हफ्ता वडोदरा के अस्पताल में जाके पीड़िता अवुरी उनुका परिवार से मुलाकात कईले। उs प्रवासी मजदूरन के लेके गुजरात सरकार के भी निशाना बनवले।  संगही, पीड़िता के परिवार के चार लाख रुपया के चेक भी देले।  गुजरात के स्वास्थ्य मंत्री अवुरी सरकार के प्रवक्ता हृषिकेश पटेल कहले कि कांग्रेस बलात्कार जईसन गंभीर अपराध के राजनीतिकरण करतिया।
इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! जवना साधना कट खातीर लईकी पागल रहली, ओकरा पीछे बा मजेदार कहानी…

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.