Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सड़क के किनारे बेफ्रिकी से सुतत रहल 11 लोगन के बेकाबू कार कुचलस, एगो मासूम बच्ची साथे 3 गो के मउत; 8 गो घायल

216

 

जिला के महवा कस्बा में सड़क के किनारे सुतल 11 लोग के बेकाबू कार कुचल दिहलस। एकरा में 3 लोग के मउत हो गईल, जबकि 8 लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। महवा के सरकारी अस्पताल में 2 घायल लोग के इलाज चलता, जबकि गंभीर रूप से घाही 6 लोग के जयपुर रेफर कs दिहल गईल बा। दुर्घटना बियफ़ें के रात करीब 11.15 बजे भईल। मरेवाला अवुरी घाही सभे खानाबदोश परिवार के रहले, जवन कि टीकाराम गवर्नमेंट सीनियर सेकेंडरी स्कूल के नजदीक सड़क के किनारे झुग्गी-झोपड़ी में रहत रहले। पुलिस कार्रवाई करत कार जब्त कs लेलस।

देर रात विधायक पहुंचले

हेड कांस्टेबल बृज किशोर बतवले कि पुलिस के रात के करीब 11.20 बजे घटना के बारे में जानकारी मिलल रहे। पुलिस तुरंत मौका पs पहुंच गईल। जांच में पता चलल कि तेज रफ्तार से चलत गाड़ी के चालक तेज रफ्तार अवुरी लापरवाही से गाड़ी चलावत सड़क किनारा सुतल लोग के कुचल देलस। घटना के जानकारी मिलला पs महवा विधायक राजेंद्र मीणा बियफ़ें के देर रात अस्पताल पहुंचले। उs डॉक्टर से घाही के हालत के बारे में पूछताछ करे के कहले अवुरी थाना प्रभारी जितेंद्र सोलंकी से कार चालक के खिलाफ कड़ा कार्रवाई करे के कहले।

एसएमएस अस्पताल में रेफर कs दिहल गइल

जयपुर के एसएमएस अस्पताल के ट्रॉमा सेंटर के प्रभारी डॉ. अनुराग धाकड़ के कहनाम बा कि दौसा के महवा से रेफर कईला के बाद 6 घाही लोग के इहाँ भर्ती करावल गईल। एहमें से दिलीप नाम के एगो नवही के छुट्टी दिहल गइल बा। 5 गो अउरी लोग के सर्जरी यूनिट में भर्ती करावल गइल बा। एहमें एगो मरीज के माथा में हल्का चोट लागल बा जबकि बाकी चार लोग के हालत सामान्य बा। उनुकर इलाज चलता।

दुर्घटना के बाद ड्राइवर फरार हो गईल

हेड कांस्टेबल बतवले कि दुर्घटना के बाद चालक गाड़ी के म मउका पs छोड़ के फरार हो गईल। पुलिस क्षतिग्रस्त कार के हिरासत में ले लेले बिया। क्रेन के मदद से गाड़ी के थाना ले आवल गईल। पुलिस आरोपी चालक के तलाश में जुटल बिया। दुर्घटना में घाही लोग के सरकारी जिला अस्पताल महवा पहुंचावल गईल।

 

 

804120cookie-checkसड़क के किनारे बेफ्रिकी से सुतत रहल 11 लोगन के बेकाबू कार कुचलस, एगो मासूम बच्ची साथे 3 गो के मउत; 8 गो घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.