[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: भाजपा नेता, भाइयन आ बेटन सहित 11 के आठ बरिस के कैद, 19 साल पुरान ममिला में आइल फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। हत्या के कोसिस करे के ममिला कर में आरोप सिद्ध होखला पs अपर सत्र न्यायाधीश अवनीश कुमार राय खोराबार में रहे वाला भाजपा नेता छोटेलाल पासवान उनका दुगो बेटा, भाई आ तीन भतीजन सहित 11 के आठ बरिस के कारावास के सजा सुनावल गइल बा। सब आरोपितन के 17500 रुपिया के अर्थदंड से दंडित कइल गइल बा। अर्थदंड जमा ना कइला पs अभियुक्तन के 53 दिन के कारावास अलग से भुगते के होई।

अभियोजन पक्ष के ओर से सहायक जिला शासकीय अधिवक्ता धर्मेंद्र कुमार दूबे आ अतुल कुमार शुक्ल के कहनाम रहे कि वादी दयाशंकर निषाद खोराबार के रहे वाला बा। 29 नवम्बर 2004 के सबेरे पुरान रंजिश के लेके अभियुक्त जोखू पासवान उनकर बेटा शिवंजय, यतन, धनंजय, भाई छोटेलाल पासवान उनकर बेटा कमलेश, त्रिभुवन आ सहजोगी पृथ्वी, जितई, बबलू आ शाहपुर थाना क्षेत्र के दरगहिया जीतपुर में रहे वाला बबलू कुमार वादी के पिता के मार पीट कs के बुरा तरे घायल कs देलस।

वादी के परिवार के लोग उनका के सदर अस्पताल में भर्ती करावल। एह घटना के सूचना देवे वादी 30 नवम्बर 2004 के सांझ 4:30 बजे खोराबार थाना आइल। थाना पs उपस्थित मुंशी बतवलें कि एसओ साहब आराम कs रहल बाड़ें, सांझ के निकलिहें। ओह बीच वादी घर चल आइल।

सांझ के पांच बजे अभियुक्त अपना निजी हंटर जीप में असलहा से लैश होके अइलें आ वादी के परिवार के लोगन के फायरिंग कs देलस। न्यायाधीश पत्रावली पs उपलब्ध साक्ष्यन के आधार पs उक्त निर्णय देलें।

खोराबार मंडल के अध्यक्ष रहलें छोटेलाल

जोखू पासवान के बहू रीता देवी पत्नी धनंजय नवसृजित खोराबार वार्ड के पार्षद हई। जबकि छोटेलाल पासवान भारतीय जनता पार्टी के खोराबार मंडल के अध्यक्ष रहल बाड़ें।

हिस्ट्रीशीटर हवे दयाशंकर निषाद

भाजपा नेता आ उनका भाईयन पs केस दर्ज करावे वाला दयाशंकर निषाद उत्तर प्रदेश पुलिस के बर्खास्त सिपाही हs। आपराधिक गतिविधियन में लिप्त होखला पs पुलिस ओकर हिस्ट्रीशीट खोलले रहे।

लेखपाल पs हमला करे खातिर आरोपित भाजयुमो मंडल अध्यक्ष गिरफ्तार

लेखपाल के हमला करे के आरोपित भाजयुमो के मंडल अध्यक्ष आ उनकर भाई के बड़हलगंज थाना पुलिस बुध के रात में गिरफ्तार कs लेलस। आरोप बा कि पुलिस घर पर तोड़फोड़ कइलें। बियफे के दुपहरिया बाद भाजपा नेता आ उनकर भाई के पुलिस न्यायालय में पेश कइलस, जहां से जेल भेज दिहल गइल।

गोला तहसील में तैनात रहल लेखपाल रामकरन 22 दिसंबर 2023 के भाजयुमो के मंडल अध्यक्ष अंगद निषाद उनकर भाई वाल्मिकी, चुल्हाई, शिवमंगल, सजीवन आ पांच से छव अज्ञात के विरुद्ध अपहरण, धमकी, बलवा, मारपीट आ दलित उत्पीड़न के केस दर्ज करवले रहे। एह ममिला में आरोपितन के विरुद्ध न्यायालय से वारंट जारी भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]