[the_ad_group id="30365"]

10 सितंबर 2024 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-10/09/2024

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि- सप्तमी

रात के 11 बजके 12 मिनट ले,

ओकरा बाद अष्टमी।

दिन- मंगर।

अनुराधा नक्षत्र

रात के 08 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद ज्येष्ठा नक्षत्र।

विष्कुम्भ जोग

रात के 12 बजके 30 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रीति योग ।

गर करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 11/09/2024

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि- अष्टमी

रात के 11 बजके 46 मिनट ले।

दिन- बुध।

ज्येष्ठा नक्षत्र

रात के 09 बजके 22 मिनट ले।

प्रीति जोग

रात के 11 बजके 54 मिनट ले।

विष्टि करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

पत्नी से कवनो सुभ समाचार मिल सकेला। नौकरी में वरिष्ठ अधिकारियन के मदद से प्रमोशन मिल सकेला। बेयपार में आमदनी में बढ़न्ती होई। योजना में बड़ बदलाव हो सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

पति-पत्नी के बीचे तनाव हो सकत बा। विदेश में काम करत नौकरीपेशा लोगन खातिर दिन सुभ बा। पढ़ाई में रुचि बढ़ी। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में सफलता मिल सकत बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

घर परिवार में कवनो धार्मिक कार्यक्रम के आयोजन हो सकेला। माई के स्वास्थ में बाधा रही। बेवसाय सुरू करे के योजना में सफलता मिली।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

जिनगी में नया संघतिया के आगमन हो सकेला। भौतिक सुख सुविधा के चीझन पs खरचा होई। बेवसाय से जुडल नाया योजना बना सकत बानी। प्रेम जिनगी सुख से भरल रही।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन सुभ रही। मन में प्रसन्नता रही। आर्थिक रुप से स्तिथि बेहतर होई। पढ़ाई में मन लागी। संघतिया लोगन के समय बिताइब।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज कारोबार के इस्तिथी तनिका डगमगा सकेला। पार्टनर के संगे कहीं घूमे-फिरे के मौका मिल सकेला। नौकरी में अधिकारियन के सहजोग मिली। अपना गुस्सा पs काबू राखीं।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

खान-पान के खेयाल राखीं ना तs स्वास्थ खराब हो सकेला। परिवार के प्रति जिम्मेदारियन के नजरंदाज मत करीं। समाज में मान-सम्मान बढ़ी।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

बेवसाय में कवनो फसीला बेसी आत्मविश्वास के संगे मत लीं। आलस से बांची। धार्मिक कामन में रुचि बढ़ी। विदेश यात्रा के जोग बनत लउकत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

नौकरी से जुड़ल परेसानी के हल निकली। कानूनी कामन में सफलता मिली। सेहत के खेयाल राखीं। मन में कवनो बात के लेके बिना मतलब भय पैदा हो सकत बा।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

ससुराल पक्ष से कवनो तरे के लाभ मिल सकेला। रिश्तेदारन से संबंध बेहतर होई। नौकरी में लाभ मिले के जोग बन रहल बा।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। बेयपारियन के निम्मन मुनाफा मिल सकेला। वरिष्ठ अधिकारियन से सम्मान मिली। आर्थिक स्तिथि बढ़िया रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

दफ्तर में राउर पर्दशन बेहतर होई। घरवालन के संगे कवनो लमहर दूरी के जतरा पs जाये के मौका मिल सकेला। काम करीं। बोली के प्रभाव से लाभ कमाए के मौका मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]