[the_ad_group id="30365"]

10 मई 2023 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-10/05/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- पंचमी

 दिन में 01 बजके 49 मिनट ले,

ओकरा बाद षष्ठी।

दिन- बुध।

पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र

दिन में 04 बजके 12 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तराषाढ़ा नक्षत्र।

 साध्य जोग

दिन में 06 बजके 17 मिनट ले,

ओकरा बाद शुभ जोग।

तैतिल करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 11/05/2023

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

दिन में 11 बजके 27 मिनट ले।

दिन- बियफे।

उत्तराषाढ़ा नक्षत्र

दिन में 02 बजके 37 मिनट ले।

 शुभ जोग

दिन में 03 बजके 16 मिनट ले।

वणिज करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन राउर अच्छा रहे वाला बा। बेयपार में नया काम सुरू करेम। कवनो बड़ काम करे के ऑफर आई। लेन- देन, साझेदारी, सोच-विचार कs के करीं। परिवार में धार्मिक काम होई। कवनो नया सामान किन-बेंच सकत बानी।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन कवनो पुरान परिचित व्यक्ति से मुलाकात होई। राउर रुकल काम पूरा होई। कवनो धार्मिक यात्रा आदि पs जाये के योजना बनी। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई। बेयपार में नया लोगन से संबंध स्थापित होई।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज रउआ जतरा आदि मत करीं। बेकार के आरोप-प्रत्यारोप से बचीं। पारिवारिक मतभेद खतम करे के कोसिस करीं। आज कवनो व्यक्ति के उधार मत दीं। बेयपार में नया काम सोच-विचार के करीं। अपना स्वास्थ के धेयान रखीं आ शत्रुअन से सावधान रहीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज रउआ अपमान के सामना करे के पड़ सकत बा। परिवारिक मतभेद के चलते वाद-विवाद में फंस सकत बानी। वाहन आदि के चलावे में सावधानी बरती। अपना स्वास्थ के खेयाल रखीं आ आज कवनो नया काम मत सुरू करीं। लेन-देन में सतर्कता बरती।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन बहुत अच्छा रही। बेयपार में कवनो बड़ डील होखे से लाभ प्राप्त होई। मन आध्यात्म के तरफ आकर्षित होई। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई। कवनो विशेष व्यक्ति से मुलाकात होई, जवना से आवे आला समय में लाभ प्राप्त होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज रउआ कवनो नया काम सरू कs सकत बानी। मन प्रसन्न रही आ परिवार में हर्ष आ उल्लास के माहौल रही। पत्नी के स्वास्थ के धेयान रखीं। घर में कवनो नया सदस्य के आगमन होई। बेयपार में नया अवसर प्राप्त होई आ कवनो नया वस्तु किन सकत बानी।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज लमहर जतरा पs मत जाई। आपन स्वास्थ के धेयान रखीं। न्यायालय पक्ष के काम में सतर्कता बरती। बेयपार में केहू पs भरोसा कइल रउआ के बड़ नुकसान में डाल सकत बा। परिवार में आपसी कलह के कारण वाद-विवाद के इस्थिति बन सकत बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

रउआ आज कवनो नया जोखिम में फंस सकत बानी। बेयपार में नया साझेदारी सोच- विचार कs के करीं। कवनो नया काम के सुरुआत हो सकत बा। वाहन आदि के चलावे में सतर्कता बरती। पारिवारिक मतभेद के कारण मन अशांत रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन सानदार रही। कवनो महत्वपूर्ण काम खातिर रउआ काम के योजना बनी। मान-सम्मान में बढ़न्ती होई। अपनन के सहजोग मिली। बेयपार-बेवसाय में लाभ प्राप्त होई। पत्नी के स्वास्थ के चिंता बनल रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन अच्छा रही। परिवार के सहजोग मिली। आर्थिक इस्थिति में लाभ प्राप्त होई आ मन प्रसन्न रही। स्वास्थ के धेयान रखीं, चोट आदि लाग सकत बा। कवनो जरूरी काम के रुकला से नुकसान उठावे के पड़ सकत बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ सतर्क रहीं। वाद-विवाद में मत पड़ीं आ स्वास्थ के धेयान रखीं। काम के अधिकता के कारण स्वास्थ में उतार-चढ़ाव बनल रही। बेयपार-बेवसाय में कवनो नया काम सुरू मत करीं। यात्रा में वाहन से सावधानी बरती।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन राउर मन अशांत रही। स्वास्थ में उतार चढ़ाव बनल रही। बेयपार में लेन-देन, साझेदारी, सोच-विचार कs के करीं। जतरा आदि में सावधानी बरती, वाहन चलावे से बचीं। केहू अपना से जुड़ल दुखद समाचार मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]