टॉयलेट के रास्ता जेल से फरार भइले 10 कैदी, खाना लेवे गईल रहे महिला गार्ड

By Anurag Ranjan

Published on: May 17, 2025

बियफे के रात अमेरिका के न्यू ऑरलियन्स जेल से दस गो कैदी सनसनीखेज तरीका से भागे में कामयाब हो गइलें. ऊ एगो कोठरी के शौचालय के पीछे एगो छेद से बाहर चढ़ के देवाल पs

Share

बियफे के रात अमेरिका के न्यू ऑरलियन्स जेल से दस गो कैदी सनसनीखेज तरीका से भागे में कामयाब हो गइलें. ऊ एगो कोठरी के शौचालय के पीछे एगो छेद से बाहर चढ़ के देवाल पs चढ़ले जबकि ओहिजा ड्यूटी पs मौजूद एकमात्र गार्ड खाना ले आवे निकलल रहे. स्थानीय शेरिफ के कहल बा कि एहमें जेल के कुछ कर्मचारी शामिल हो सकेलें. हत्या के आरोपी समेत कुल 8 कैदी अबे ले फरार बाड़े। बता दीं कि एह जेल में कुल 1400 कैदी बंद बाड़े।

जांच लंबित 3 कर्मचारी निलंबित 

शेरिफ कार्यालय मीडिया के संगे एगो प्रेस कांफ्रेंस में निगरानी के फुटेज साझा कईलस, जवना में कैदी जेल से भागत देखाई देले। कुछ कैदी जेल के नारंगी रंग के वर्दी पहिनले रहले, तs कुछ सफेद रंग में रहले। ऊ कांटेदार तार से बचे खातिर कम्बल के इस्तेमाल करत एगो बाड़ के ऊपर से कूदत निकलले. कुछ लोग पास के सड़क पs भागत देखल गईल। शौचालय के पीछे जवना छेद से कैदी भागल रहले, ओकरा पs ‘टू इजी लोल’ लिखल रहे अवुरी छेद के ओर इशारा करत तीर रहे। जांच पूरा होखे तक 3 कर्मचारी के निलंबित कs दिहल गईल बा।

कैदियन के भागे के पता कईसे लागल?

कैदियन के भागे के सात घंटा बाद सबेरे साढ़े आठ बजे दिनचर्या के गिनती के दौरान पता चलल. अधिकारी बतवले कि, जहां कैदी रहले, उहाँ सेल पॉड में कवनो डिप्टी मौजूद ना रहले। पॉड के निगरानी करत एगो सिविलियन तकनीशियन रहली, लेकिन उs खाना लेवे गईल रहली। शेरिफ सुसान हटसन कहली कि कैदी ताला खराब होखे के फायदा उठवले। उs बतवली कि जेल के खराब हालत अवुरी ताला के मरम्मत खातीर बहुत दिन से धन के मांग करत रहली। हटसन इहो कहले कि बिना भीतर के मदद के एs जेल से भागल लगभग असंभव बा।

इहो पढ़ीं: पानी रोकले के जुर्रत ना करे भारत, नाहीं तs…’, बिलावल के बाद अब पीएम शहबाज दिहलस खुलल चुनौती

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.