Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट से पहिले मिलल 1.68 लाख करोड़ के निवेश प्रस्ताव, 5.63 लाख लोग के मिली रोजगार

1,473

ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट के आयोजन से पहिलही राष्ट्रीय अउर बहुराष्ट्रीय कंपनी सब प्रदेश में निवेश खातिर उत्साह दिखवले बानें। सरकार समिट के माध्यम से दस लाख करोड़ रुपया के निवेश के लक्ष्य रखले बानें। एहमें से 1.68 लाख करोड़ रुपया के निवेश प्रस्ताव मिल चुकल बा। इहे नाइ, 1,25,885 करोड़ रुपया के निवेश खातिर एमओयू भी हो चुकल बा। एहसे 5,63,946 लोग के रोजगार मिली।

राज्य के अर्थव्यवस्था के दस खरब अमेरिकी डॉलर के बनावे खातिर 10 से 12 फरवरी 2023 ले ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट के आयोजन कइल जाई। निवेश सारथी पोर्टल पs 30 नवंबर ले कुल 472 निवेश प्रस्ताव मिलल। एहमें से 140 प्रस्ताव पर अलग-अलग विभाग एमओयू साइन कइले बानें। एकरे जरिए प्रदेश में 1,25,885 करोड़ रुपया के निवेश होई। उहवें, पोर्टल पर करीब 315 प्रस्ताव अइसन बा, जिनका पर एमओयू हस्ताक्षर होखे के बा।

एसे 1,68,759 करोड़ रुपया से ज्यादा के निवेश होई अउर 6,79,338 लोग के रोजगार मिली। सूत्र के मुताबिक छह प्रस्ताव के प्रक्रिया पूरा नइखे हो सकल। उहवें 30,395 करोड़ रुपया के तीन प्रस्ताव निरस्त कइल गइल बा। जबकि चार प्रस्ताव में अउर जानकारी मांगल गइल बा। उहवें चार प्रस्ताव निवेशक लोग वापस ले लिहले बा।

निवेश सारथी पोर्टल के प्रयोग हो रहल बा सफल

योगी सरकार निवेशकन खातिर निवेश सारथी पोर्टल तैयार कइल गइल बा। निवेशक एकरे जरिए निवेश प्रस्ताव दे रहल बानें। संबंधित विभाग के नोडल अधिकारी निवेशकन के व्यापार अउर दूसर जरूरी जानकारी उपलब्ध करा रहल बानें। आधिकारिक रूप से पोर्टल के लॉन्च कइले के पहिलही सरकार के सवा लाख करोड़ से ज्यादा के निवेश प्रस्ताव मिल गइल रहे।

सब रियायत अउर सहूलियत मिली ऑनलाइन

सरकार अलग-अलग क्षेत्र में निवेश नीति के अनुसार निवेशक के रियायत अउर सहूलियत देवे खातिर निवेश मित्र पोर्टल बनवले बानें। पोर्टल निवेशकन के सब रियायतें, सब्सिडी ऑनलाइन दियावे के कार्यवाही करी। एहसे निवेशकन के सरकारी कार्यालय के चक्कर नाइ लगावे के पड़ी।

बड़ निवेशक          निवेश राशि    रोजगार

एनआईडीपी डेवलेपर्स प्रा. लि.     30,000                 2160

सिफी इंफिनिट स्पेस लि.            19,276                   700

न्यूनॉव इंफोटेक प्रा. लि.              13,500                5000

ग्रीनको ग्रुप                              13,085                  300

सिटी गोल्ड इंडस्ट्रियल प्रा. लि.      11,700              30000

ग्रुप केआरएस नेटवर्क                 10,000          1,00,000

जेएसडब्ल्यू नियो एनर्जी                 6,096            45,000

मेगा लेदर क्लस्टर डेवलेपमेंट           5,820         2,50,000

(नोट : निवेश करोड़ रुपये में)

399440cookie-checkग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट से पहिले मिलल 1.68 लाख करोड़ के निवेश प्रस्ताव, 5.63 लाख लोग के मिली रोजगार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.