[the_ad_group id="30365"]

काशी में होइ सवा करोड़ शिवलिंगार्चन, बनी विश्व रिकार्ड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

वाराणसी : काशी में 1.25 करोड़ शिवलिंगार्चन होई। काशी के निवासी एकर गवाह होईहे। एह संस्कार में दक्षिण भारत के पांच सौ वैदिक ब्राह्मण आ विद्वान लोग शामिल होखे। एकरा के विश्व रिकार्ड में शामिल करे के तइयारी जारी बा।

विश्व कल्याण के कामना से कार्तिक महीना में आयोजन कइल जाई। वैसे काशी में हर साल 1.25 लाख पार्थिव शिवलिंग के प्रदर्शन होला, लेकिन पहिला बेर 1.25 करोड़ पार्थिव शिवलिंग होई। एहमें कांची पीठ के शंकराचार्य जगतगुरु विजयेन्द्र सरस्वती स्वामी समेत 20 हजार श्रद्धालु भाग लीहें। वैदिक विद्वान आ कार्यक्रम संयोजक चंद्रशेखर घनपाठी बतवले कि अबहीं ले काशी में डेढ़ लाख 25 करोड़ पार्थिव शिवलिंगार्चन नइखे भइल।

काशी में पहिला बेर 19 से 27 नवम्बर ले शिवला घाट पs स्थित चेतसिंह किला में एकर आयोजन कइल जाई। एकर तइयारी शुरू हो गइल बा। बतावल गइल कि दक्षिण भारत में कार्तिक महीना के खास महत्व बा। एह संस्कार में शामिल भइला से शाश्वत फल मिलेला। दक्षिण भारत के मंत्री भी पार्थिव शिवलिंगार्चन संस्कार में भाग ले सकेलें। अनुष्ठान के दौरान तरह तरह के आयोजन होई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]