[the_ad_group id="30365"]

08 फरवरी 2024 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-08/02/2024
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

माघ कृष्ण पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

दिन के 11 बजके 17 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन- बियफे।

उत्तराषाढ़ा नक्षत्र

सबेरे के 02 बजके 14 मिनट ले,

ओकरा बाद श्रवण नक्षत्र।

सिद्धि जोग

रात के 11 बजके 09 मिनट ले,

ओकरा बाद व्यातीपात जोग।

वणिज करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 09/02/2024

माघ कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

दिन के 08 बजके 02 मिनट ले।

दिन- सुक।

श्रवण नक्षत्र

रात के 11 बजके 29 मिनट ले।

व्यातीपात जोग

रात के 07 बजके 06 मिनट ले।

शकुनि करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। बेवसायिक ममिला में निर्णय लेवे से पहिले सावधानी बरती। नुकसान पहुंच सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन खास रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। छोट वेयपारी लो के धन प्राप्ति के जोग बनत बा। संघतिया लो के संगे रउआ आनंद ले सकत बानी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। बेवसाययिक पक्ष मजबूत होई। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी। खीस पs लगाम राखीं वाद विवाद से बांची। हानी पहुंची।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। लईकन के स्वास्थ बाधा से भरल रही। राउर कवनो अइसन आदमी से भेंट होई जवन रउआ ला हित करी। बेवसाय के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राजनैतिक महत्व के चाह पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। खीस पs लगाम राखीं। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। नुकसान पहुंच सकेला। परिवार में केहू के स्वास्थ में बाधा आ सकेला। भाग-दउर के इस्तिथी बन सकेला। शिक्षा के क्षेत्र में बाधा बन सकेला।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

माता के स्वास्थ बाधा से भरल हो सकेला। खुद से मानसिक तनाव हो सकेला। जीवन साथी के सहजोग मिली। उपहार, सम्मान बढ़ी। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक कामन में बाझल रहेम। बेवसायिक कोसिस सफल रही। बाबूजी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। खीस पs लगाम राखीं। विवाद से बांची, आर्थिक नुकसान हो सकेला।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

भाग-दउर रही। नौकरी के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

काम का क्षेत्र में बढ़न्ती होई। नाया काम के योजना बनी। संघतिया लो के सहजोग मिली। शासन सत्ता के लाभ मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। संघतिया लो के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। कवनो अइसन समाचार मिली जवन रउआ के दुख दिही।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]