दिनांक- 07/05/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
बैशाख शुक्ल पक्ष
तिथि- दशमी
दिन के 10 बजके 20 मिनट ले,
ओकरा बाद एकादशी।
दिन- बुध।
पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र
सांझ के 06 बजके 17 मिनट ले,
ओकरा बाद उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र।
व्याघात जोग
रात के 01 बजके 04 मिनट ले,
ओकरा बाद हर्षण जोग।
गर करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 08/05/2025
बैशाख शुक्ल पक्ष
तिथि- एकादशी
दिन के 12 बजके 29 मिनट ले।
दिन- बियफे।
उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र
रात के 09 बजके 06 मिनट ले।
हर्षण जोग
दिन के 01 बजके 56 मिनट ले।
विष्टि करण।
Read Also: ‘भारतीय टीम के जदि हमार जरुरत बा तs उपलब्ध बानी’, 103 टेस्ट के अनुभवी खिलाड़ी भरलें हुंकार
आज जातक के अगल बगल खुशनुमा माहौल रही। बेयपार के सिलसिला में अच्छा परिणाम सामने आई। जवना से मन प्रसन्न रही। आमदनी में इजाफा होई। दिन के अन्त में संघतिया से वाद-विवाद हो सकत बा।
आज कवनो महत्वपूर्ण ममिला में अपना से बड़ लोगन के सलाह लेला के बादे निर्णय लीं। संघतिया लोगन के बीच समय बीती। रुकल काम आगा बढ़ी। बेवसायिक कामन में सचेत रहला के आवश्यकता बा। आज लईकन के पढ़ाई के लेके कवनो खुशखबरी मिल सकत बा।


आज जातक के कवनो शुभ समाचार मिलला के जोग बन रहल बा। अपना जानकारी आ सकारात्मक ऊर्जा से लोगन के धेयान अपना ओर आकर्षित करेम। आज जातक के सलाह दिहल जात बा की जरूरी काम के सूची बना के काम होख, सफलता मिली। आर्थिक निवेश करे से पहले सोच विचार कs लीं। शेयर बाजार में रिस्क मत लीं।










