[the_ad_group id="30365"]

07 अप्रिल 2023 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-07/04/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

बैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

 दिन में 10 बजके 21 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन- सुक।

चित्रा नक्षत्र

दिन में 01 बजके 33 मिनट ले,

ओकरा बाद स्वाति नक्षत्र।

हर्षण जोग

रात में 01 बजके 25 मिनट ले,

ओकरा बाद व्रज जोग।

वणिज करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 08/04/2023

बैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वितीया

दिन में 10 बजके 11 मिनट ले।।

दिन- सनीचर।

स्वाति नक्षत्र

दिन में 01 बजके 59 मिनट ले।

व्रज जोग

रात में 11 बजके 58 मिनट ले।

गर करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

दांपत्य जिनगी सुख से भरल होई। धार्मिक प्रवृत्ति में बढ़न्ती होई। रचना के काम आगा बढ़ी। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

अधीनस्थ कर्मचारी भा भाई-बहिन से तनाव मिल सकत बा। रिश्तन में मजबूती आई। जीवनसाथी के सहयोग मिली।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

भाग-दउर रही। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई। रचना के कोसिस फलीभूत होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहला के जरुरत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

पारिवारिक कामन में बाझल रहेम। आर्थिक ममिलन में सचेत रहीं। रिश्तों में निकटता आई। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। कइल गइल मेहनत सफल होई। रचना के कोसिस सफल होई। शासन सत्ता के सहजोग रही।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में सुधार होई। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई। यात्रा देशाटन के इस्थिति सुखद होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

चलल आ रहल समस्या के समाधान होई। जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

स्वास्थ्य के लेके सचेत रहला के जरूरत बा। कवनो अइसन बात हो सकत बा जवन रउआ खातिर हितकर ना होखे।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक कामन में बाझल रहेंम। रिश्तन में मजबूती आई। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

महिला अधिकारी के सहजोग मिली। सामाजिक काम में रुचि बढ़ी। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। रिश्तन में मजबूती आई। धार्मिक काम में रुचि लेंम। आर्थिक इस्थिति में मजबूती आई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। संतान भा शिक्षा के कारण चिंतित रहेम आर्थिक ममिलन में जोखिम मत उठाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]