[the_ad_group id="30365"]

06 जनवरी 2024 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-06/01/2024
श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

रात के 12 बजके 42 मिनट ले,

ओकरा बाद एकादशी।

दिन- सनीचर।

स्वाति नक्षत्र

रात के 09 बजके 23 मिनट ले,

ओकरा बाद विशाखा नक्षत्र।

धृति जोग

सबेरे के 06 बजके 10 मिनट ले,

ओकरा बाद शूल योग जोग।

वणिज करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 07/01/2024

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

रात के 12 बजके 46 मिनट ले।

दिन- अतवार।

विशाखा नक्षत्र

रात के 10 बजके 08 मिनट ले।

शूल जोग

भोर के 04 बजके 58 मिनट ले।l

बव करण

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज नया विचारन से मन खुस रही। कवनो रुकल काम के करे के योजना बनी। काम के पूरा करे खातिर कवनो प्रभावशाली व्यक्ति के संपर्क में आयेम। विद्यार्थियन खातिर आज के दिन अच्छा रहे वाला बा, पढ़ाई में सफलता प्राप्त होई। हनुमान जी के पूजा कइला से मनोकामना पूरा होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन जातक खातिर खुशनुमा रही। वैवाहिक जिनगी में प्रेम, आदर आ स्नेह बढ़ी, संगही मानसिक चिंता रही। भाग मजबूत रही बाकिर माई-बाबूजी के स्वास्थ के नजरअंदाज मत करीं। काम के सिलसिला में नतीजा बेहतर रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन आर्थिक रूप से मजबूत रही आ स्वास्थ बेहतर रही। घर के बड़ लोगन के गोड़ छूके आशीर्वाद लीं, कामन के पूरा करे में आ रहल समस्यन के समाधान मिली, बिजनेस में सफलता के जोग बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

जातक के सतर्क आ सावधान रहे के चाहीं, कवनो अपने आदमी धोखा दे सकत बा। धन खर्च जादा होखला से आर्थिक परेसानी के अनुभव करेम, कर्जा लेवे के पड़ सकत बा। काम पs जाये के मन ना होई, आलस हावी रही। दुष्टजन हानि पहुंचा सकत बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

दांपत्य जिनगी आज खुशनुमा रहे वाला बा। काम के सिलसिला में बढ़िया नतीजा मिली। भाग्य प्रबल होई, कवनो रुकल काम होखे के सम्भावना बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

वैवाहिक जीवन में नीरस्ता महसूस करेम, समय ना देला के कारण विवाद हो सकत बा, उचित होई कि एक दूसरा से बात करत घरी समय संयम रखीं। स्वास्थ के लेकर लापरवाही मत बरती। महामृत्युंजय मंत्र का २१ बार जप करीं, मानसिक इस्थिति मजबूत होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज अपना भविष्य के लेके चिन्तित रहेम। डर के भ्रम महसूस कs सकत बानी। परिवारिक सम्बंधित ममिलन में चतुराई से निपटला के जरूरत बा। सम्पति निवेश रउआ के उमेद के मोतबिक लाभ ना दिला पाई। कवनो कठिन पेशवर इस्थिति में रास्ता निकाले में कामयाब रहेम। वाणी पs नियंत्रण रखीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन जातक ला लाभदायक रहे वाला बा। रउआ नौकरी में प्रशंसा आ पदोन्नति दुनो मिल सकत बा। विरोधियन पs रउआ भारी पड़ेम। सेहत मजबूत रही, जवना से लाना में सफलता मिलला के संभावना बढ़ जाई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज कवनो पुरान कानूनी विवाद सुलझ सकत बा। जीवनसाथी से कवनो शुभ समाचार मिलला से पूरा दिन मन प्रसन्न रही। सफलता प्रप्ति खातिर आज घर पs सत्यनारायण भगवान जी के पूजा करीं आ ॐ नमोः भग्वते वसुदेवाय् नमः मंत्र के जाप करीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज जातक के मन उदास रही, वाहन चलावत घरी सावधानी बरती। दूसरन पs अतिविश्वास मत करीं। प्रेम-प्रसंग में अनुकूलता रही। शिवजी पs दूध से अभिषेक करीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज प्रेमी जोड़ा खातिर दिन अच्छा रहे वाला बा। नया योजना बनाएम। लोग रउआ से प्रभावित होई। जे लोग बियहल बा, ओकरा जिनगी में सुख बढ़ी आ जीवनसाथी के माध्यम से लाभ के जोग बनी।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

धार्मिक कामन में बाझल रहेम। घर पs अलग- अलग पकवानन के आनंद उठाएम। आज रउआ कवनो नया काम सुरू करे के योजना बनायेम। रउआ ओह विषय से जुड़ल लोगन से संपर्क करेमे। आज रुकल कामन में सफलता मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]