[the_ad_group id="30365"]

06 अप्रिल 2022 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 06/04/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

 चैत शुक्ल पक्ष

तिथि- पंचमी

दिन में 04 बजके 21 मिनट ले,

ओकरा बाद षष्ठी।

दिन-बुध।

रोहिणी नक्षत्र

साँझ के 06 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद मृगशिरा नक्षत्र।

आयुष्मान जोग

सुबह के 07 बजके 39 मिनट ले।

वालव करण।

सर्वार्थ सिद्धि योग, रवियोग, स्कन्द माता पूजन।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 07/04/2022

चैत शुक्ल पक्ष

तिथि-षष्ठी।

साँझ के 06 बजके 23 मिनट ले।

दिन-बियफे।

मृगशिरा नक्षत्र

रात के 08 बजके 41 मिनट ले।

सौभाग्य जोग

सुबह के 08 बजके 09 मिनट ले।

तैतिल करण।

कात्यायनी देवी पूजनम्।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

मानसिक तनाव बन सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। रचना के काम सफल रही। स्वास्थ के लेके धेयान दिही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

शासन सत्ता के सहजोग मिली। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी दूर होई। जतरा के संजोग बनत बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

बिना मतलब के वाद-विवाद से बांची। काम का क्षेत्र में परेसानी के वजे से चिंता रही। बदली होखला के संभावना बन रहल बा। बियहल जिनगी सुख से भरल रही। बेवसायिक कोसिस सफल रही।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी दूर होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में पद बढ़ी।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। अचके कुछ लाभ हो सकेला।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो काम के लेके चिंता रही। संघतिया के सहजोग मिली। शिक्षा के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई। लमहर समे से चलल आ रहल स्वास्थ से जुड़ल परेसानी दूर होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

खीस पs लगाम राखीं। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी सुरू हो सकेला। भाग-दउर रही। उपहार भा सम्मान बढ़ी। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

बेवसायिक कोसिस सफल होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। माई के स्वास्थ में बाधा रही। मानसिक तनाव बन सकेला। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में सफलता मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी सुरू हो सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। कवनो नाया काम के योजना बनी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

कइल गइल मेहनत सफल होई, बेवसायिक कोसिस सफल होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। जतरा के संजोग बन रहल बा। मानसिक तनाव बन सकेला। भाग-दउर रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

परिवार के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी सुरू हो सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। शिक्षा में बढ़न्ती होई। कवनो सुख से भरल समाचार मिली। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम में सफलता मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]