[the_ad_group id="30365"]

04 नवंबर 2024 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 04/11/2024

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

कार्तिक शुक्ल पक्ष

तिथि- तृतीया

रात के 11 बजके 24 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्थी।

दिन- सोमार।

अनुराधा नक्षत्र

सबेरे के 08 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद ज्येष्ठा नक्षत्र।

शोभन जोग

दिन के 11 बजके 43 मिनट ले,

ओकरा बाद अतिगण्ड जोग।

तैतिल करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 05/11/2024

कार्तिक शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्थी

रात के 12 बजके 17 मिनट ले।

दिन- मंगर।

ज्येष्ठा नक्षत्र

सबेरे के 09 बजके 45 मिनट ले।

अतिगण्ड जोग

दिन के 11 बजके 27 मिनट ले।

वणिज करण।

 

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

समय रहते जरूरी कागजातन के टटोल लीं। संतान के कामन से चिंतित रहेंम। बेयपार में नया प्रस्ताव मिली। व्यक्तिगत कामन में लापरवाही करे से बचीं। कार्यस्थल में उन्नति के संभावना बा। आर्थिक इस्थिति निम्मन रही।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

संतन के दर्शन होई। प्रतिष्ठित व्यक्तियन से संबंधन के लाभ मिली। राउर कीर्ति में बढ़न्त। होई काम के टारे के कोसिस मत करी। आर्थिक ममिला में लापरवाही मत करी।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

दिन अनुकूल बा। परिवार आ आवास के समस्या हल हो सकत बा। समाज में राउर प्रभाव बढ़ला से शत्रु परास्त होई लो। जतरा में वस्तुअन के संभार के रखीं। नया संबंध लाभप्रद रही।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज दिन के सुरुआते से व्यस्तता रही। दिनचर्या प्रभावित होई। स्वास्थ्य उत्तम रही। व्यापार-व्यवसाय अच्छा चली। काम के सफलता खातिर प्रयत्नशील रही।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

विपरीत परिस्थितियन में आत्मविश्वास बना के रखीं। रउआ जल्दी दूसरा पs विश्वास करे से बचीं। बेकार के विवादन से दूर रहीं। लमहर समय से अधूरा पड़ल काम पूरा होखे के संभावना बा। नया वस्त्रन के प्राप्ति होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन परिवार खातिर महत्वपूर्ण बा। कारोबार में भाग-दउर बेसी होखला से थकान हो सकत बा। कामकाज में इच्छानुरूप परिणाम मिली। वाहन किने के मन होई। नया संबंध बनी।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

समय पs काम कइल सीखीं। अपना विचारन पs नियंत्रण रखीं। जीवनसाथी के स्वास्थ्य के चिंता रही। खरचा बढ़ला से बजट बिगड़ सकत बा। बेयपार-बेवसाय सामान्य रही। धर्म में रुचि बढ़ी।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

परिजनन पs बेकार में संदेह मत करी। आर्थिक लाभ होई। अपनन के महत्व के भूली मत, कवनो व्यक्ति से का बात करे के बा एकर खास धेयान रखीं। बेयपारिक निर्णय समय पs लेला से लाभ होई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

अपना धन के कुछ खास परोपकार में लगाई। नौकरी में काम के विस्तार होई। शुभ आ अनुकूल समाचार प्राप्त हो सकत बा। रिश्तेदारन से संबंध प्रगाढ़ होई। विरोधियन से सावधान रहीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

बिना जानकारी के भइल गलती से नुकसान होई। बेयपार में आ रहल परेसानी से तनाव बढ़ सकत बा। नया योजना क्रियान्वित होई। श्रेष्ठजनन से मेल होई। परिवार के उलझन खतम होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

रोजगार में बदलाव अइला के उम्मीद के बीच आय के नया स्रोत प्राप्त होखे के जोग बा। रुकल धन मिली। सुख-समृद्धि में बढ़न्त के संगही बुद्धिमानी से समस्या के समाधान संभव बा। मेहमानन के आगमन होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

राउर कामन के समाज में प्रशंसा होई। जीवनसाथी के संगे जतरा संभव। यश, उत्साह बढ़ी। जल्दबाजी में कवनो निर्णय ना लीं। प्रेम प्रसंग में मत उलझीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]