Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

04 मई 2022 के राशिफल

246

दिनांक- 04/05/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

 वैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि-चतुर्थी

दिन- बुध।

मृगशिरा नक्षत्र

रात के 04 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद आद्रा नक्षत्र।

अतिगण्ड जोग

दिन में 03 बजके 32 मिनट ले,

ओकरा बाद सुकर्मा जोग।

वलव करण।

वैनायकि श्री गणेश चतुर्थी।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 05/05/2022

वैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि-पंचमी

दिन- बियफे।

आद्रा नक्षत्र

सुकर्मा जोग

 दिन में  04 बजके 10 मिनट ले।

भद्र करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

जतरा के संजोग बन रहल बा। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान दीं। शिक्षा में बढ़न्ती होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। बेवसाय में लाभ होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अड़चन आ सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। नौकरी में लाभ होई। स्वास्थ से जुड़ल लाभ होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। लईकन के स्वास्थ पs खास धेयान दीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

जतरा के संजोग बन रहल बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव सुरू हो सकत बा। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिलन में सावधान रहीं। बेवसाय में लाभ होई, जीवन साथी के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो काम के पूरा होखला से आत्मविस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला में सावधान रहीं। बेवसाय में लाभ होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई, बेवसायिक कोसिस सफल होई, शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई, जीवन साथी के सहजोग मिली, रचना के काम सफल होई, शिक्षा में बढ़न्ती होई। अचके कुछ लाभ मिली। जतरा के संजोग बन सकत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में सफलता मिली। जतरा के संजोग बन रहल बा। चोट चपेट अस इस्तिथी बन सकत बा। भाग-दउर रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास के बढ़ी। अचके कुछ लाभ भेंटी। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली, कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान सुख मिली, शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई, कवनो सुख से भरल समाचार मिली।
248280cookie-check04 मई 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.