[the_ad_group id="30365"]

04 जून 2022 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 04/06/2022
श्री गणेशाय नमः 

 

आज के पंचांग

 ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष

तिथि- पंचमी

रात में 12 बजके 58 मिनट ले,

ओकरा बाद षष्ठी।

दिन- सनिचर।

पुष्य नक्षत्र

रात में 07 बजके 01 मिनट ले,

ओकरा बाद श्लेषा नक्षत्र।

ध्रुव जोग

रात में 01 बजके 55 मिनट ले,

ओकरा बाद व्याघात जोग।

वव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 05/06/2022

ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष

तिथि- षष्ठी।

 रात में 02 बजके 15 मिनट ले।

दिन- अतवार।

श्लेषा नक्षत्र

रात में 09 बजके 01 मिनट ले।

व्याघात जोग

रात में 01 बजके 57 मिनट ले।

कौलव करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू, ले, लो, अ से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

अचके कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। मान-सम्मान बढ़ी, माई-बाबूजी के सहजोग भेंटी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। संतान सुख मिली। शिक्षा में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो नाया काम के योजना बनी।संघतिया के मदद भेंटी।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। वाद-विवाद से फरका रही।। नुकसान पहुंच सकत बा। भाग-दउर रही। पेट से जुड़ल परेसानी बन सकत बा। सचेत रहीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। जतरा के संजोग बन रहल बा। पूरा दिन बाझल रहब।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मानसिक तनाव बन सकत बा। धार्मिक जतरा पs जाये के संजोग बन रहल बा। पेट से जुड़ल परेसानी सुरु हो सकत बा। भाग-दउर रही। कवनो काम के लेके चिंता रही। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती रही।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ से जुड़क परेसानी सुरु हो सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जतरा के संजोग बन रहल बा। खरचा के जोग बन रहल बा।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

धन लाभ मिली। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके खेयाल राखीं। कवनो काम के लेके चिंता रही। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक कामन् में सफलता मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी। स्वास्थ उत्तम रही।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

 आर्थिक पक्ष मजबूत होई। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। वाद-विवाद से बांची। जतरा के संजोग बन रहल बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। संतान सुख मिली। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। कवनो काम के लेके चिंता रही। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी बन सकत बा। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

पारिवरिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी सुरु हो सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बेकार के खरचा करावे आला होई। जीवन साथी के सहजोग मिली

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]