Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

04 अप्रिल 2023 के राशिफल

526

दिनांक-04/04/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

 दिन में 08 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन- मंगर।

पूर्वाफाल्गुनी नक्षत्र

दिन में 09 बजके 36 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तराफाल्गुनी नक्षत्र।

वृद्धि जोग

रात में 03 बजके 39 मिनट ले,

ओकरा बाद ध्रुव जोग।

तैतिल करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 05/04/2023

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

दिन में 09 बजके 19 मिनट ले।।

दिन- बुध।

उत्तराफाल्गुनी नक्षत्र

दिन में 11 बजके 23 मिनट ले।

ध्रुव जोग

रात में 03 बजके 16 मिनट ले।

वणिज करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

पारिवारिक तनाव मिल सकता बा। स्वास्थ के लेके सचेत रहला के जरूरत बा। बेकार के भाग-दउर रही। जतरा संभव बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

संतान के दायित्व के पूर्ति होई। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

रचना के कोसिस सफल होई। शासन सत्ता के सहजोग मिली। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। कवनो पारिवारिक सदस्य से तनाव मिल सकत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भाई-बहिन के सहजोग मिली। रचना के काम में सफलता मिली। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में जोखिम मत उठाई। मौसम के रोग के लेके सचेत रहीं। व्यक्ति विशेष के सहजोग रही। रिश्तन में मजबूती आई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। भावुकता के कारण मन अशांत रही। संतान भा शिक्षा के दिशा में सफलता मिली।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

बेवसायिक कोसिस सफल होई। बाबूजी भा संबंधित अधिकारी से तनाव मिल सकत बा। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। वाहन चलावत घरी सावधानी रखीं। कवनो मूल्यवान वस्तु के खोवला भा चोरी होखला के आशंका बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

बेवसायिक ममिलन में सफलता मिली। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरुरी वस्तुअन में बढ़न्ती होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

जीवनसाथी के सहजोग मिली। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शासन सत्ता के सहजोग रही। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। बेकार के भाग-दउर रही। आर्थिक ममिलन में जोखिम मत उठाई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। शासन सत्ता के सहजोग रही। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। रिश्तन में मजबूती आई।

501310cookie-check04 अप्रिल 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.