दिनांक- 03/08/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
श्रावण शुक्ल पक्ष
तिथि- नवमी
दिन के 09 बजके 42 मिनट ले,
ओकरा बाद दशमी।
दिन- अतवार।
विशाखा नक्षत्र
सबेरे के 06 बजके 35 मिनट ले,
ओकरा बाद अनुराधा नक्षत्र।
शुक्ल जोग
सबेरे के 06 बजके 24 मिनट ले
ओकरा बाद बह्म जोग।
कौलव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 04/08/2025
श्रावण शुक्ल पक्ष
तिथि- दशमी
दिन के 11 बजके 42 मिनट ले।
दिन- सोमार।
अनुराधा नक्षत्र
दिन के 09 बजके 12 मिनट ले।
ब्रह्म जोग
सबेरे के 07 बजके 04 मिनट ले।
गर करण।

आज के दिन उतार चढ़ाव से भरल रही, बेवसाय में सहयोगियन से वाद-विवाद के इस्थिति बन सकत बा, बेयपार में बड़ लेन-देन सोच विचार कs के करीं, स्वास्थ्य पs ध्यान दीं, काम के अधिकता के कारण मानसिक तनाव बनल रही, परिवार के सहजोग मिली।
आज राउर दिन अच्छा रही। जदि रउआ कवनो नया काम सुरू कइल चाहत बानी तs रउआ कs सकत बानी, प्रॉपर्टी आदि में रउआ नया निवेश कs सकत बानी, परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई, राउर मन आध्यात्म के ओर झुकल रही, कवनो धार्मिक जतरा पs रउआ जा सकत बानी।


आज के दिने राउर स्वास्थ अच्छा रहे वाला बा। रउआ कवनो नया मकान जमीन के खरीदारी कs सकत बानी, आज कवनो विशेष काम से रउआ बाहर जाये के पड़ सकत बा,परिवारिक विवाद से आज रउआ दूर रहीं, ना तs हानि उठावे के पड़ सकत बा।









