02 मई 2022 के राशिफल

Anurag Ranjan

दिनांक- 02 /05/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

 वैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि-द्वितीया

रात के 03 बजके 31 मिनट ले,

ओकरा बाद तृतीया।

दिन- सोमार।

कृतिका नक्षत्र

रात के 11 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद रोहिणी नक्षत्र।

सौभाग्य जोग

दिन में 02 बजके 46 मिनट ले,

ओकरा बाद शोभन जोग।

वालव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 03/05/2022

वैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि-तृतीया

रात में 05 बजके 18 मिनट ले।

दिन- मंगर।

रोहिणी नक्षत्र

रात के 01 बजके 50 मिनट ले।

शोभन जोग

 दिन में  03 बजके 03 मिनट ले।

तैतिल करण।

अक्षय तृतीया।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेकार के भाग-दउर रही। संघतिया से मतभेद हो सकेला। बेवसायिक पक्ष मजबूत होई। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। बेवसाय में लाभ होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अड़चन आ सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। नौकरी में लाभ होई। स्वास्थ से जुड़ल लाभ होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। लईकन के स्वास्थ पs खास धेयान दीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

जतरा के संजोग बन रहल बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव सुरू हो सकत बा। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिलन में सावधान रहीं। बेवसाय में लाभ होई, जीवन साथी के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो काम के पूरा होखला से आत्मविस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

जतरा के संजोग बन रहल बा। मानसिक तनाव बन सकत बा। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। शिक्षा में बढ़न्ती होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई, बेवसायिक कोसिस सफल होई, शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई, जीवन साथी के सहजोग मिली, रचना के काम सफल होई, शिक्षा में बढ़न्ती होई। अचके कुछ लाभ मिली। जतरा के संजोग बन सकत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में बाझल रहब। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। रचना के काम सफल होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली, कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान सुख मिली, शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई, कवनो सुख से भरल समाचार मिली।
Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।