दिनांक- 02/04/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
चैत्र शुक्ल पक्ष
तिथि- पंचमी
दिन के 11 बजके 50 मिनट ले,
ओकरा बाद षष्ठी।
दिन- बुध।
कृत्तिका नक्षत्र
दिन के 08 बजके 49 मिनट ले,
ओकरा बाद रोहिणी नक्षत्र।
आयुष्मान जोग
रात के 02 बजके 49 मिनट ले,
ओकरा बाद सौभाग्य योग।
बव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक-03/04/2025
चैत्र शुक्ल पक्ष
तिथि- षष्ठी
रात के 09 बजके 41 मिनट ले।
दिन- बियफे।
रोहिणी नक्षत्र
सबेरे के 07 बजके 02 मिनट ले।
सौभाग्य जोग
रात के 12 बजके 01 मिनट ले।
कौलव करण।
आज नया विचारन से मन खुस रही। कवनो रुकल काम के करे के योजना बनी। काम के पूरा करे खातिर कवनो प्रभावशाली व्यक्ति के संपर्क में आयेम। विद्यार्थियन खातिर आज के दिन अच्छा रहे वाला बा, पढ़ाई में सफलता प्राप्त होई। हनुमान जी के पूजा कइला से मनोकामना पूरा होई।
आज के दिन आर्थिक रूप से मजबूत रही आ स्वास्थ बेहतर रही। घर के बड़ लोगन के गोड़ छूके आशीर्वाद लीं, कामन के पूरा करे में आ रहल समस्यन के समाधान मिली, बिजनेस में सफलता के जोग बा।


आज अपना भविष्य के लेके चिन्तित रहेम। डर के भ्रम महसूस कs सकत बानी। परिवारिक सम्बंधित ममिलन में चतुराई से निपटला के जरूरत बा। सम्पति निवेश रउआ के उमेद के मोतबिक लाभ ना दिला पाई। कवनो कठिन पेशवर इस्थिति में रास्ता निकाले में कामयाब रहेम। वाणी पs नियंत्रण रखीं।










