[the_ad_group id="30365"]

02 अप्रिल 2024 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-02/04/2024
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- अष्टमी

रात के 08 बजके 09 मिनट ले,

ओकरा बाद नवमी।

दिन- मंगर।

पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र

रात के 10 बजके 48 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तराषाढ़ा नक्षत्र।

परिघ जोग

सांझ के 06 बजके 35 मिनट ले,

ओकरा बाद शिव जोग।

बालव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 09/04/2024

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- नवमी

सांझ के 06 बजके 29 मिनट ले।

दिन- बुध।

उत्तराषाढ़ा नक्षत्र

रात के 09 बजके 47 मिनट ले।

शिव जोग

दिन के 04 बजके 09 मिनट ले।

तैतिल करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी बन सकत बा। भागदउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। शिक्षा में बढ़न्ती होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

अचके कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी बढ़ी। बेवसायिक कोसिस सफल होई। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकत बा। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अड़चन आ सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

बेवसाय में लाभ होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान दीं। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो नाया काम के योजना बनी। संघतिया के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो अइसन आदमी से भेंट होई जे रउआ ला हित करी। नौकरी के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान दीं। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो नाया काम के योजना बनी। संघतिया के सहजोग मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। जतरा के संजोग बन रहल बा।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

सामाजिक काम में बाझल रहब। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। बाबूजी के सहजोग मिली। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। आत्म विस्वास बढ़ी।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में सफलता मिली। जतरा के संजोग बन रहल बा। चोट चपेट अस इस्तिथी बन सकत बा। भाग-दउर रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास के बढ़ी। अचके कुछ लाभ भेंटी। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।  स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान सुख मिली, शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई, कवनो सुख से भरल समाचार मिली।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]