Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

01 मई 2022 के राशिफल

312

दिनांक- 01/05/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

 वैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि-प्रतिपदा

रात के 02 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन- अतवार।

भरणी नक्षत्र

रात के 09 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद कृतिका नक्षत्र।

आयुष्मान जोग

दिन में 02 बजके 48 मिनट ले,

ओकरा बाद सौभाग्य जोग।

किंस्तुघ्न करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 02/05/2022

वैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि-द्वितीया

रात में 03 बजके 31 मिनट ले।

दिन-सोमार।

कृतिका नक्षत्र

रात के 11 बजके 16 मिनट ले।

सौभाग्य जोग

 दिन में  02 बजके 46 मिनट ले।

वालव करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी बन सकत बा। भागदउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। शिक्षा में बढ़न्ती होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

अचके कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी बढ़ी। बेवसायिक कोसिस सफल होई। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकत बा। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अड़चन आ सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

बेवसाय में लाभ होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान दीं। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो नाया काम के योजना बनी। संघतिया के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो अइसन आदमी से भेंट होई जे रउआ ला हित करी। नौकरी के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान दीं। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो नाया काम के योजना बनी। संघतिया के सहजोग मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। जतरा के संजोग बन रहल बा।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

सामाजिक काम में बाझल रहब। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। बाबूजी के सहजोग मिली। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। आत्म विस्वास बढ़ी।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में सफलता मिली। जतरा के संजोग बन रहल बा। चोट चपेट अस इस्तिथी बन सकत बा। भाग-दउर रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास के बढ़ी। अचके कुछ लाभ भेंटी। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।  स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान सुख मिली, शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई, कवनो सुख से भरल समाचार मिली।
247600cookie-check01 मई 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.