[the_ad_group id="30365"]

01 जून 2022 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 01/06/2022
श्री गणेशाय नमः 

 

आज के पंचांग

 ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वितीया

रात में 07 बजके 22 मिनट ले,

ओकरा बाद तृतीया।

दिन- बुध।

मृगशिरा नक्षत्र

दिन में 11 बजके 28 मिनट ले,

ओकरा बाद आद्रा नक्षत्र।

शूल जोग

रात में 12 बजके 21 मिनट ले,

ओकरा बाद गण्ड जोग।

वालव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 02/06/2022

ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष

तिथि- तृतीया

 रात में 09 बजके 25 मिनट ले।

दिन- बियफे।

आद्रा नक्षत्र

दिन में 02 बजके 06 मिनट ले।

गण्ड जोग

रात में 01 बजके 01 मिनट ले।

तैतिल करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू, ले, लो, अ से सुरू होला)

नाया काम के मवका मिली। फसीला लेवे के छमता बढ़ी। वाद-विवाद से फरका रहीं। सबका संगे तालमेल बइठा के राखीं। मेहरारू के स्वास्थ में परेसानी आ सकत बा। सावधानी बरतीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

यश आ सम्मान के प्राप्ति होई। संघतिया लोग के मदद मिली। जतरा के संजोग बन रहल बा। मन खुश रही। कवनो बड़ ममिला में फसीला ले सकेनी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ से सुरू होला)

आज के दिने सकरात्मक काम होई। बाकिर भरपूर लाभ ना मिल सकी। कुछ नाया जिम्मेदारी हाथे लागी। बेवसायिक गतिविधि आगा बढ़ी।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

काम में बाधा आ सकता बा। भाग-दउर रही। संघतिया लो के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के धेयान राखे के बा। शिक्षा में बढ़न्ती होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आपन प्रतिभा से सबका के अपना ओर खिचेम। जगे बदले आ पद में उन्नति के जोग बन रहल बा। पढ़ाई-लिखाई के क्षेत्र में सफलता मिली। स्वास्थ निमन रही।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

जानकारी प्राप्त करे ला उत्सुक रहेम। कहीं से कवनो शुभ समाचार मिली। बेवसाय में लाभ होई। शिक्षा के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। जीवन साथी के साथ भेंटी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

बेवसाय के संगे-संगे आउर काम में जागरूकता रही। बेवहार में बदलाव आ सकत बा। रउआ आपन प्रतिभा के निखरे ला बेहतर कोसिस करेम। स्वास्थ के धेयान राखीं।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

धन लाभ होई। जतरा के संजोग बन रहल बा। राउर बेवहार से बहुत लोग प्रभावित होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

नाया जिम्मेदारी मिली, ओकर लाभ उठाई। पारिवारिक जिनगी में अशांति रही। कुछ तनाव हो सकत बा। भाग-दउर रही।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

कवनो काम के लेके चिंता रही। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। बेवसाय में लाभ होई। शिक्षा में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

सतर्क रही, रउआ नुकसान पहुंच सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। संघतिया के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

बांचल काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]