Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

01 दिसंबर 2022 के राशिफल

761

दिनांक- 01/12/2022
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

मार्गशीर्ष शुक्ल पक्ष

तिथि-अष्टमी

दिन में 11 बजके 33 मिनट ले,

ओकरा बाद नवमी।

दिन- बियफे।

शतभिषा नक्षत्र

दिन में 10 बजके 47 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वाभाद्रपदा नक्षत्र।

हर्षण जोग

दिन में 02 बजके 26 मिनट ले,

ओकरा बाद व्रज जोग।

बव करण।

मीनराशि:।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 02/12/2022

मार्गशीर्ष शुक्ल पक्ष

तिथि- नवमी

दिन में 01 बजके 50 मिनट ले।

दिन- सुक।

पूर्वाभाद्रपदा नक्षत्र

दिन में 01 बजके 43 मिनट ले।

वज्र जोग

दिन में 11 बजके 50 मिनट ले।

तैतिल करण।

नन्दा नवमी।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

वाहन चलावत घरी सावधानी बरतीं। दूसर केहु के प्रभावित करे खातिर जरूरत से जादे खरचा मत करीं। अपना बोली पs नियंत्रण रखीं, काहेकि एकरा से बड़ लोगन के ठेस लाग सकत बा। बेवजह के बातन में समय बर्बाद करे से बेहतर बा शांत रहल। इयाद रखीं कि समझदार काम के माध्यम से हमनी जिनगी के अर्थ देवेनी सs।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

परिवार के कुछ सदस्य अपना ईर्ष्यालु स्वभाव से रउआ खातिर झुंझलाहट के कारण बन सकत बा लो। बाकिर रउआ आपन आपा खोवला के जरूरत नइखे, ना तs इस्थिति नियंत्रण से बाहर हो सकत बा। इयाद रखीं, जवना के सुधारल नइखे जा सकत ओकरा के स्वीकार कs लेहल बेहतर बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

लमहर समय से चलल आ रहल कवनो बेमारी से रउआ निजात मिल सकत बा। साझेदारी के बेवसाय आ चालाकी भरल वित्तीय योजनन में निवेशमत करीं। लमहर समय से लंबित घरेलू ममिलन आ घरेलू कामन के लिहाज से दिन निम्मन बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

रउआ अपना भावना पs नियंत्रण रखला के आवश्यकता बा। बेयपार में आज अच्छा मुनाफा होखला के संभावना बा। आज के दिने रउआ अपना कारोबार के नया ऊंचाई दे सकत बानी। राउर अधिकांश समय संघतिया आ परिवार के संगे बीती। रोमांटिक मुलाकात रउआ खुसियन में तड़का लगावे के काम करी।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

काम के बोझ आज कुछ तनाव आ चिड़चिड़ापन के वजह बन सकत बा। जदि रउआ लाग रहल बा कि रउआ लगे पर्याप्त धन के कमी बा तs आज धन संचय करे खातिर घर के केहु बड़ के सलाह लीं। घर के सदस्यन के हँसी-मजाक वाला बेवहार घर के माहौल के हल्का-फुल्का आ खुसनुमा बना दी।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज राउर स्वास्थ पूरा तरे अच्छा रही। अतिरिक्त धन अचल संपत्ति में निवेश कइल जा सकत बा। कवनो बुजुर्ग के स्वास्थ चिंता के कारण बनी। अटकल काम के बावजूद रोमांस आ सैर-सपाटा रउआ दिल-दिमाग पs हावी रही। अब आपन बायोडाटा भेजे भा साक्षात्कार में जाये के निम्मन समय बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

कुदरत रउआ के आत्मविश्वास आ तेज दिमाग के नसीब देले बा- एहिसे एकर पूरा-पूरा इस्तेमाल करीं। रउआ समय आ धन के कद्र करे के चाहीं, ना तs आवे वाला समय परेसानियन से भरल हो सकत बा। जीवनसाथी के साथे बेहतर समझ जीवन में सुख, शांति आ समृद्धि ले आई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

दूसर लोगन के सफलता के सराहना कs के रउआ ओकर आनंद उठा सकत बानी। पुरान निवेशन के कारण आय में बढ़न्ती के जोग बा। कुछ लोग जेतना कर सकत बा लो ओकरा से बेसी के वादा करेला लो। अइसन लोगन के भूल जाई जे खाली गाल बजावल जानेला लो आ कवनो नतीजा ना देवेला लो। केहु के दखलअंदाजी के वजह से रउआ आ राउर प्रिय के रिश्तन में अनबन हो सकत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सेहत से जुड़ल कार्यक्रम फेर से सुरू करे खातिर दिन अच्छा बा। बिदेस में पड़ल राउर जमीन आज निम्मन दाम में बिक सकत बा, जवना से रउआ मुनाफ़ा होई। जदि रउआ अपना घरेलू ज़िम्मेदारियन के नज़रअंदाज़ करेम तs रउआ संगे रहे वाला कुछ लोग नाराज हो सकत बा लो।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

 बड़ लोगन के लाभ उठावे खातिर आपन अतिरिक्त ऊर्जा के सकारात्मक उपयोग करे के चाहीं। एह राशि के बेयपारियन के आज अपना घर के ओह सदस्यन से दूर रहे के चाहीं जे रउआ से पईसा मांगेला आ फेर वापस ना करेला।  घर के सदस्य कवनो छोट बात खातिर राई के पहाड़ बना सकत बा लो।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रउआ में चपलता देखल जा सकत बा। राउर सेहत आज राउर पूरा साथ दिहीं। खरचन में अप्रत्याशित बढ़न्ती राउर मन के शांति भंग करी। परिवार के सदस्यन के जरूरतन को प्राथमिकता दिहीं। ओह लोग के सुख-दुख में सामिल होखीं, जवना से ओह लोग के लागे कि रउआ साँचहू में ओह लोग के खेयाल राखेनी। अपना प्रिय के संगे बाहर जात घरी अपना पहनावा आ बेवहार में नयापन रखीं।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

 धेयान आ जोग रउआ खातिर आध्यात्मिके ना, शारीरिको रूप से फायदेमंद साबित होई। आज रउआ बिना केहु के मदद के पईसा कमाये में सफल रहेम। लईकन के पढ़ाई पs धेयान देवे आ भविष्य के योजना बनावे के जरूरत बा। अपना प्रिय के संगे आज निम्मन करीं।

396290cookie-check01 दिसंबर 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.