[the_ad_group id="30365"]

01 अप्रिल 2024 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-01/04/2024
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

रात के 09 बजके 10 मिनट ले,

ओकरा बाद अष्टमी।

दिन- सोमार।

मूल नक्षत्र

रात के 11 बजके 12 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र।

वरीयान जोग

रात के 08 बजके 29 मिनट ले,

ओकरा बाद परिघ जोग।

विष्टि करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 02/04/2024

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- अष्टमी

रात के 08 बजके 09 मिनट ले।

दिन- मंगर।

पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र

रात के 10 बजके 48 मिनट ले।

परिघ जोग

रात के 06 बजके 35 मिनट ले।

बालव करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आर्थिक ममिला में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। वाद-विवाद से बांची।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

माई-बाबूजी के सहजोग मिली। उपहार आ सम्मान में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। जीवनसाथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में कइल गइल कोसिस सफल रही। चोट लागला के इस्तिथी बन सकेला।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

संघतिया लो के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम के पूरा  होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। स्वास्थ से जुड़ल लाभ होई। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवनसाथी के सहजोग मिली।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म सम्मान में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। शिक्षा के क्षेत्र में प्रगति होई। मानसिक तनाव बन सकेला।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो पुरान संघतिया से भेंट होई जवान रउआ ला हित करी। धन यश किर्ति आ सम्मान में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में नाया बदलाव आ सकेला।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ से जुड़ल समस्या बन सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी बढ़ सकेला। बाधा रही। भाग-दउर रही। संघतिया लो के सहजोग मिली। बेवसाय में लाभ मिली। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक कामन में बाझल रहब। घर के जरूरी सामान बढ़ी। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

वाहन से सावधानी बरती। बेवसाय में लाभ होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। आत्म सम्मान बढ़ी।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

पेट आ नस जुड़ल परेसानी बन सकेला। भाग-दउर रही। कवनो काम के लेके चिंता रही, शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पुरा होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान सुख मिली। बेवसायिक कोसिस सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। वाहन सुख मिली। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। नाया काम के योजना बनी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]