Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भोजपुरी समाचार » धर्म-आध्यात्मिकता के ताजा खबर » शुभ योग में मकर संक्रांति, जानीं कवना दिन 14 या 15 जनवरी के मकर संक्रांति मनावल जाई?

शुभ योग में मकर संक्रांति, जानीं कवना दिने 14 या 15 जनवरी के मकर संक्रांति मनावल जाई। एह साल 15 जनवरी के मकर संक्रांति के परब मनावल जाई। वैदिक गणना के मुताबिक मकर राशि में सूर्य के परिवर्तन 14 जनवरी के रात 08.46 मिनट पे होता।

1,838

भोजपुरी समाचार » धर्म-आध्यात्मिकता के ताजा खबर » शुभ योग में मकर संक्रांति, जानीं कवना दिन 14 या 15 जनवरी के मकर संक्रांति मनावल जाई?

शुभ योग में मकर संक्रांति:फोटो


शुभ योग में मकर संक्रांति, जानीं कवना दिने 14 या 15 जनवरी के मकर संक्रांति मनावल जाई।

एह साल 15 जनवरी के मकर संक्रांति के परब मनावल जाई। वैदिक गणना के मुताबिक मकर राशि में सूर्य के परिवर्तन 14 जनवरी के रात 08.46 मिनट पे होता।

मकर संक्रांति 2023: मकर संक्रांति हिन्दू धर्म में एगो खास परब ह। मकर संक्रांति के परब हर साल 14 जनवरी के सौर गणना के आधार पर मनावल जाला। मकर संक्रांति के दिन सूर्य मकर राशि में प्रवेश करेला। एही दिन से सूर्य उत्तरायन हो जाला। मकर संक्रांति के बाद दिन लमहर होखे लागेला आ रात छोट होखे लागेला। मकर संक्रांति मौसम में बदलाव ले आवेला। शरद ऋतु जाला आ बसंत आवेला। हिन्दू धर्म में अधिकतर व्रत आ परब के गणना पंचांग के माध्यम से चंद्रमा के आधार पर कइल जाला।

मकर संक्रांति एह साल कब बा?

एह साल 15 जनवरी के मकर संक्रांति के परब मनावल जाई। वैदिक गणना के मुताबिक मकर राशि में सूर्य के परिवर्तन 14 जनवरी के रात 08.46 मिनट पे होई। अयीसने में ज्योतिष के विशेषज्ञ के राय बा कि रविवार के मकर संक्रांति मनावल जादे शुभ होई। 15 जनवरी 2023 के मकर संक्रांति के दिन सबेरे 7 बजे से शाम 6 बजे तक स्नान, दान आ पूजा के शुभ समय शुरू होई। दरअसल हिन्दू शास्त्र में ई उल्लेख बा कि सूरज डूबला के बाद जब सूरज मकर राशि में प्रवेश करेला त ओकरा बाद अगिला दिने मकर संक्रांति के परब मनावल शुभ होला। एह साल भी मकर संक्रांति पर अइसने योग कइल जा रहल बा।

ज्योतिषीय गणना के मुताबिक अबकी 14 जनवरी के सांझ के सूर्य धनु राशि से निकल के मकर राशि में प्रवेश होइ। जब सूर्य मकर राशि में प्रवेश होइ त एक महीना ले चलल खरमास के काल खतम हो जाई आ तरह तरह के शुभ काम शुरू हो जाई।

मकर संक्रांति के शुभ योग

अबकी 15 जनवरी के मकर संक्रांति के शुभ पर्व मनावल जाई। 15 जनवरी के मकर संक्रांति के दिने सुकर्मा आ पद्म के नाम शुभ बनी। एकरा अलावे रविवार के मकर संक्रांति के परब सूर्य भगवान के समर्पित कईल जाई। अइसना में एह शुभ योग में गंगा स्नान, दान आ सूर्य पूजा के खास महत्व होई। एह शुभ योग में मकर संक्रांति मनावल शुभ होई।

हिन्दू धर्म में सूर्य पूजा के खास महत्व बा। मकर संक्रांति के दिन सूर्य भगवान के अर्घ्य दिहल् आ उपासना कइल बहुत शुभ मानल जाला। मकर संक्रांति के दिन ताम्र के घड़ा में पानी लेके ओकरा में करिया तिल, गुड़, लाल चंदन, लाल फूल, अक्षत आदि डाल के ओकरा बाद ‘ॐ सूर्याय नमः’ मंत्र के जप क के सूर्य के अर्घ्य अर्पित कइल शुभ होला ।

437660cookie-checkभोजपुरी समाचार » धर्म-आध्यात्मिकता के ताजा खबर » शुभ योग में मकर संक्रांति, जानीं कवना दिन 14 या 15 जनवरी के मकर संक्रांति मनावल जाई?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.