Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पंजाब के बैयपारी से छह लाख की लूट

पंजाब में बैयपारी से छह लाख के लूट, थानेदार अउर दू गो कॉन्स्टेबल गिरफ्तार, तीन गो फरार

611

राजस्थान के पाली में पंजाब के एगो बैपारी के शिवपुरा थाना पुलिस लूट लेहनें सब। थानेदार अउर लमसम तीन गो सिपाही आरोपी के झूठहा केस में फंसवले के धमकी अउर मारपीट के दू लाख रुपया अउर चार लाख के बनावटी जेवर लूट लेहनें सब। मामला सामने अइले के बाद थाना अधिकारी अउर दू कॉन्स्टेबल के गिरफ्तार क लेहल गइल बा। उहवें लूट के मास्टरमाइंड अउर दुसरका पुलिस के सिपाही अभिन फरार बानें सब।

लूट के वारदात के बाद फरियादी पाली के सदर थाना में आरोपी पुलिसकर्मी लोग के खिलाफ केस दर्ज करवले रहनें। एसपी राजन दुष्यंत मामिला के जांच करववने त पूरा सच सामने आ गइल। एकरे बाद शिवपुरा थाना के प्रभारी अनिल सारण, कॉन्स्टेबल गीगाराम अउर तुलसीराम के गिरफ्तार क लेहल गइल बा। शिवपुरा थाना के हेड कॉन्स्टेबल मीठालाल, कॉन्स्टेबल मनीष विश्नोई अउर लूट के मामिला के मास्टर अमृत सोनी फरार बानें सब। पुलिस आरोपियन के गिरफ्तार कइले के कोसिस कs रहल बिया। एन्ने, एसपी ने थाना अधिकारी अनिल और दू गो कॉन्स्टेबल गीगाराम और तुलसीराम के सस्पेंड क देहले बानें।

 

साभार – अमर उजाला

219220cookie-checkपंजाब के बैयपारी से छह लाख की लूट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.