[the_ad_group id="30365"]

डायबिटीज : डायबिटीज के मरीज के रोज इ 5 चीज़ जरूर खाए के चाही, ब्लड शुगर नियंत्रण में रही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डायबिटीज : डायबिटीज के मरीज के रोज इ 5 चीज़ जरूर खाए के चाही, ब्लड शुगर नियंत्रण में रही

हाई शुगर: फोटो

डायबिटीज दही में कैल्शियम, विटामिन बी 2, विटामिन बी 12, पोटेशियम, मैग्नीशियम जईसन जरूरी पोषक तत्व होला, जवन कि अलग-अलग प्रकार के बेमारी से बचाव में फायदेमंद होला। एकरा प्रयोग से पाचन ठीक रहेला। एकरा संगे-संगे ब्लड शुगर भी काबू में रहेला।
डायबिटीज : डायबिटीज अइसन बेमारी ह, जवना के निदान होखला के बाद आपके संगे जीवन भर रहेला। इ बेमारी खून में चीनी के मात्रा बढ़ला के चलते होला। बढ़त चीनी के काबू में राखल आसान ना होला. एकरा खाती स्वास्थ्य विशेषज्ञ हमेशा डायबिटीज के मरीज के मीठ चीज़ से दूर रहे के सलाह देवेला। अगर आप भी डायबिटीज के मरीज बानी अउरी बढ़त चीनी के काबू में राखल चाहतानी त रोज इ 5 चीज़ जरूर खाईं। एह चीजन के सेवन से बढ़त चीनी के नियंत्रित करे में मदद मिलेला। आईं जानल जाव-

दही: फोटो

दही खाईं

कैल्शियम, विटामिन बी 2, विटामिन बी 12, पोटेशियम, मैग्नीशियम जईसन जरूरी पोषक तत्व एकरा में पावल जाला, जवन कि अलग-अलग प्रकार के बेमारी से बचाव में फायदेमंद होला। एकरा प्रयोग से पाचन ठीक रहेला। एकरा संगे-संगे ब्लड शुगर भी काबू में रहेला। एकरा खातीर डायबिटीज के मरीज के रोज दही के सेवन करे के चाही।

अंडा: फोटो

अंडा खाईं
अंडा के प्रोटीन के मुख्य स्रोत मानल जाला। एकर सेवन से शरीर में प्रोटीन के आपूर्ति होला। संगही, अंडा में भी अमीनो एसिड पावल जाला। इ जरूरी पोषक तत्व ब्लड शुगर के नियंत्रित करे में मददगार साबित होला। एकरा खातिर अंडा जरूर खाईं।

किवी: फोटो

कीवी खाईं

एह फल में फायदेमंद विटामिन सी, ई, के, पोटेशियम, फोलेट, आयरन पोषक तत्व पावल जाला, जवन स्वास्थ्य खातिर फायदेमंद साबित होला। एकरा खातिर कीवी फल के स्वास्थ्य खातिर वरदान मानल जाला। एकर इस्तेमाल से डायबिटीज, हाई ब्लड प्रेशर समेत अउरी बेमारी में राहत मिलेला। एकरा खातिर रोज कीवी के सेवन जरूर करीं।

मेथी: फोटो

मेथी खाईं

एकरा में अमीनो एसिड पावल जाला जवन खून में शर्करा के तोड़ के इंसुलिन रिलीज में महत्वपूर्ण भूमिका निभावेला। एकरा खातिर रोज मेथी के सेवन जरूर करीं। मेथी के दही के संगे मिला के भी सेवन क सकेनी। संगही, रोज सबेरे मेथी के पानी के सेवन करीं। एहसे ब्लड शुगर के नियंत्रण में राखल जाला।

ओटस् : फोटो

ओटस् खाईं

कोलेस्ट्रॉल अउरी हाई शुगर के नियंत्रित करे में फायदेमंद होला। एकरा खातीर डायबिटीज के मरीज के रोज ओट्स के सेवन करे के चाही। एकरा प्रयोग से पाचन तंत्र भी मजबूत हो जाला।

अस्वीकरण :आज इहा दिहल टिप्स आ सुझाव खाली सामान्य जानकारी खातिर बा। एह सब के कवनो डाक्टर आ मेडिकल प्रोफेशनल के सलाह के रूप में मत लीं। बेमारी आ संक्रमण के लक्षण के स्थिति में डॉक्टर से सलाह लीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]