वंदेभारत एक्सप्रेस के वाशरूम में युवक कइलस खुद के बंद, रेलवे अधिकारी सs जबरन निकलले बाहर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 26, 2023

  वंदे भारत एक्सप्रेस केरल के उत्तर कासरगोड जिला से वंदे भारत एक्सप्रेस में सवार एगो युवक ट्रेन के वाशरूम में बंद हो गईल। बहुत मेहनत के बाद भी उ बाहर आवे के तैयार ना

Share

 

वंदे भारत एक्सप्रेस केरल के उत्तर कासरगोड जिला से वंदे भारत एक्सप्रेस में सवार एगो युवक ट्रेन के वाशरूम में बंद हो गईल। बहुत मेहनत के बाद भी उ बाहर आवे के तैयार ना रहले। रेलवे के अधिकारी आगे बतवले कि जब वंदे भारत ट्रेन शोरानुर रेलवे स्टेशन पs पहुंचल त वाशरूम के दरवाजा तूड़ के उनुका के बाहर निकालल गईल।

वंदे भारत एक्सप्रेस में रविवार के एगो अजीब घटना घटल। केरल के उत्तर कासरगोड जिला से ट्रेन में सवार एगो युवक ट्रेन के वाशरूम में बंद हो गईल। बहुत मेहनत के बाद भी उ बाहर आवे के तैयार ना रहले।

वाशरूम के दरवाजा तूड़ के निकालल गइल

रेलवे अधिकारी बतवले कि जब ट्रेन शोरनुर रेलवे स्टेशन पs पहुंचल त वाशरूम के दरवाजा तूड़ के उनुका के बाहर निकालल गईल। टीवी चैनल पs देखावल गईल। लाल रंग के धारीदार टीशर्ट पहिनले युवक के वाशरूम से बाहर निकालला पs डेराइल देखाई देलस।

दृश्य में रेलवे प्रोटेक्शन फोर्स (आरपीएफ) के अधिकारी रेलवे प्लेटफार्म पs उनुका से पूछताछ करत देखाई देले। रेलवे के अधिकारी बतवले कि शुरू में युवक अपना के महाराष्ट्र के बतावत रहे अवुरी हिंदी में बात करत रहे, लेकिन बाद में उ बता देले कि उ कासरगोड के हवे।

केहू के पीछा करे से डेराइल युवक

उनुकर पहचान ना हो पावल। उनुका लगे टिकट तक ना रहे। उ आरपीएफ के बतवले कि केहु उनुका पीछे-पीछे चलत रहे अवुरी ओकरा से भागे खातीर उ वाशरूम में घुस के भीतर से बंद क देले। उ इहो बतवले कि जब ट्रेन कन्नूर अवुरी कोझिगोड में रुकल त आरपीएफ अवुरी अधिकारी के ओर से बार-बार निर्देश के बावजूद उ जानबूझ के वाशरूम से बाहर ना निकलल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.