Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सुबेरे- सुबेरे: खाली पेट आंवला के जूस पीयले से मिली बड़ फायदा , जड़ से खतम होंई इs बीमारी

467

आंवला के गुण के बारे में हमनी के केतना जानकारी सीमित होई। आंवला के सौ रोग के दवाई मानल जाला। प्रतिरक्षा बढ़ावे के अलावा एकर सेवन से ओकर जड़ से कई गो बेमारी भी खतम हो जाला।आंवला में भरपूर मात्रा में विटामिन सी, विटामिन एबी, पोटेशियम, कैल्शियम, मैग्नीशियम, आयरन, कार्बोहाइड्रेट, फाइबर, डाययूरेटिक एसिड आदि के भरमार होला। जवन कि आपके डायबिटीज के नियंत्रित करे के संगे प्रतिरक्षा बढ़ावे अवुरी आपके दिल के स्वस्थ राखे में मदद करेला। सबेरे आंवला के रस पियला से आपके स्वास्थ्य के बहुत फायदा होई। जानीं कि आंवला के सेवन से केतना फायदेमंद बा आ कवना बेमारी से राहत मिली?

आंवला खइला के फायदा

*गला में खराश : मौसम में बदलाव के चलते कई बेर गला में खराश के समस्या होखेला। आंवला एह समस्या खातिर बहुत फायदेमंद बा। एकरा खातिर अमजोदा, हरदी, आंवला, यवक्षार आ चित्रक के बराबर मात्रा में लेके पीस लीं। एकरा बाद एह पाउडर के 1-2 ग्राम शहद भा घी के संगे लीं।

*कब्ज के समस्या : अगर कब्ज के समस्या से परेशान बानी तs पानी के संगे कुछ त्रिफला पाउडर खाईं। एकरा से रउरा सभे के फायदा होई

*हेल्दी लिवर : अगर लिवर में कवनो समस्या बा तs आंवला के चटनी बना के शहद के संगे खाईं। एकरा से आपके लिवर भी स्वस्थ रही। एकरा संगे पीलिया से भी राहत मिली।

*वजन कम करीं : वजन घटावे में फाइबर के संगे अयीसन गुण भी जादा होखेला जवन कि शरीर के मेटाबॉलिज्म के मजबूत करेला। जवना के चलते आपके वजन तेजी से कम हो जाला।

*इम्यूनिटी बढ़ाईं : एह सीजन में इम्यूनिटी बढ़ावे खातिर रोज सबेरे आंवला के रस पीईं, एहसे आपके इम्यूनिटी बढ़ी। एकरा संगे बहुत बेमारी से भी राहत मिली।

आंवला के जूस कईसे बनावल जाला

सबसे पहिले आंवला के बढ़िया से धो लीं। एकरा बाद एकरा के छोट-छोट टुकड़ा में काट के बीया निकाल लीं। अब एकरा के ग्राइंडर में डाल दीं। एकरा संगे जीरा, नमक अवुरी पानी डाल के गाढ़ा पेस्ट बना लीही। एकरा बाद एकरा के गिलास भा कटोरी में छान लीं। तोहार आंवला के रस तैयार हो गईल बा।

 

792580cookie-checkसुबेरे- सुबेरे: खाली पेट आंवला के जूस पीयले से मिली बड़ फायदा , जड़ से खतम होंई इs बीमारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.