हेलीकॉप्टर से देहरादून जात रहलें योगी सरकार के मंत्री, भइल कुछ अइसन Rishikesh AIIMS में करावे के पड़ल इमरजेंसी लैंडिंग

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 19, 2024

Helicopter Emergency Landing बुध साँझि खा केदारनाथ से देहरादून लौट रहल चार गो हेलीकॉप्टर के आपात लैंडिंग एम्स ऋषिकेश के हेलीपैड पs करावे पड़ल। एमें से एगो हेलीकॉप्टर में उत्तर प्रदेश के लोनिवि मंत्री आ

Share

Helicopter Emergency Landing बुध साँझि खा केदारनाथ से देहरादून लौट रहल चार गो हेलीकॉप्टर के आपात लैंडिंग एम्स ऋषिकेश के हेलीपैड पs करावे पड़ल। एमें से एगो हेलीकॉप्टर में उत्तर प्रदेश के लोनिवि मंत्री आ उनकर परिवार सवार रहे। चार हेलीकॉप्टर के एमरजैंसी लैंडिंग केववजह से हेलीकॉप्टर में बइठल यात्रियन के हाथ पैर फूल गइल। बाकिर सुरक्षित लैंडिंग होखे से सब कोई राहत के सांस लेलस।

बुध के सांझ के अचानक मौसम खराब होखे के चलते केदारनाथ से देहरादून लौट रहल चार हेलीकॉप्टर के आपात लैंडिंग एम्स ऋषिकेश के हेलीपैड पs करावे पड़ल। एमें से एगो हेलीकॉप्टर में उत्तर प्रदेश के लोनिवि मंत्री आ उनकर परिवार सवार रहे। मौसम सामान्य होखे के बाद चारों हेलीकॉप्टर अपना गंतव्य खातिर उड़ान भरली सन।

मौसम विभाग बुध के साँझि खा उत्तराखंड में बरखा आ  तेज हवा चले के चेतावनी देले रहे, ई चेतावनी सटीक साबित भइल। बुधवार सांझ के करीब सवा तीन बजे अचानक मौसम करवट बदल देलस। तेज आंधी तूफान के साथे कई जगहन पs बौछारो पड़ल। एही दौरान केदारनाथ से तीर्थयात्रियन के लेके देहरादून लौट रहल चार हेलीकॉप्टर के आसमाने में आपन रास्ता बदले के पड़ल।

एम्स पुलिस चौकी प्रभारी उप निरीक्षक विनेश कुमार बतवले कि मौसम खराब होखे के वजह से हेलीकॉप्टर इमरजेंसी लैंडिंग कइले रहे। उऽ बतवले कि कुछ समय इहाँ रुकला के बाद सब यात्री हेलीकॉप्टर से अपना गंतव्य खातिर रवाना भइलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.