बांग्लादेश से UAE शिफ्ट भइल विमेंस टी-20 वर्ल्डकप: 3 अक्टूबर से दुबई आ शारजाह में खेलल जाई मुकाबला

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 21, 2024

बांग्लादेश में राजनीतिक अस्थिरता के वजह से विमेंस टी-20 वर्ल्ड कप बांग्लादेश से शिफ्ट कs दिहल गइल बा।  इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल (ICC) मंगर के ई ऐलान कइलस, हालांकि मेजबानी बांग्लादेशे के लगे बा। 3 अक्टूबर

Share

बांग्लादेश में राजनीतिक अस्थिरता के वजह से विमेंस टी-20 वर्ल्ड कप बांग्लादेश से शिफ्ट कs दिहल गइल बा।  इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल (ICC) मंगर के ई ऐलान कइलस, हालांकि मेजबानी बांग्लादेशे के लगे बा।

3 अक्टूबर से सुरू होखे जा रहल एह टूर्नामेंट के मुकाबला UAE के दुबई इंटरनेशनल आ शारजाह के मैदान पर खेलल जाई। ICC के मुख्य कार्यकारी ज्योफ एलार्डिस कहलें, ‘बांग्लादेश में महिला टी-20 वर्ल्ड कप के मेजबानी ना कइल शर्म के बात बा, काहेकि हमनी के जानत बानी सs कि बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड (BCB) एगो यादगार आयोजन कs सकत रहे।’

श्रीलंका आ जिम्बाब्वे क्रिकेट बोर्ड टूर्नामेंट अपना इहां करावे में रुचि देखवले रहे, बाकिर काउंसिल मुकाबला UAE में करावे के फैसला लेलस।

UAE 2021 में मेंस टी-20 वर्ल्ड कप करा चुकल बा

UAE पहिलहु टी-20 वर्ल्ड कप के आयोजन कs चुकल बा। साल 2021 में कोरोना के वजह से भारत में होखे वाला मेंस टी-20 वर्ल्ड कप UAE में करवावल गइल रहे, हालांकि एकर मेजबानी भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) के लगे रहे।

BCCI खारिज कइले रहे ICC के प्रस्ताव

ICC, BCCI से टूर्नामेंट होस्ट करे खातिर प्रस्ताव देले रहे, बाकिर भारतीय बार्ड ICC के प्रस्ताव ई कहके खारिज कs देले रहे कि हमनी के ई संकेत नइखी दिहल चाहत सs कि हमनी के लगातार अपने घर में वर्ल्ड कप करावल चाहत बानी सs।

BCCI के सेक्रेटरी जय शाह बतवले रहस कि भारत अगिला साल 2025 में विमेंस वनडे वर्ल्ड कप के मेजबानी करे जा रहल बा।

10 टीम टी-20 वर्ल्ड कप में लिही हिस्सा

बांग्लादेश में विमेंस टी-20 वर्ल्ड कप तीन से 20 अक्टूबर तक खेलल जाये के बा। एह वर्ल्ड कप में 10 टीम हिस्सा लिही। 18 दिनन में 23 मैच आयोजित कइल जाई। भारत ग्रुप ए में छव बेर के चैंपियन ऑस्ट्रेलिया के संगे बा। एकरा अलावे एह ग्रुप में पाकिस्तान, न्यूजीलैंड आ क्वालिफायर से आइल एगो टीम सामिल बा। ओहिजा, मेजबान बांग्लादेश, इंग्लैंड, दक्षिण अफ्रीका, वेस्टइंडीज आ क्वालिफायर-2 टीम ग्रुप बी में बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.