अजब – गजब: जहाँ बदरी से होला शराब के बरखा , नासा खोजलस कमाल के ग्रह

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 12, 2023

    अबे ले रउरा देखले बानी आसमान से खाली पानी आवत आ बर्फ गिरत, अगर हम बता दीं कि एह ब्रह्मांड में एगो जगह बा जहाँ शराब के बरखा होला। मानीं कि एह ग्रह

Share

 

 

अबे ले रउरा देखले बानी आसमान से खाली पानी आवत आ बर्फ गिरत, अगर हम बता दीं कि एह ब्रह्मांड में एगो जगह बा जहाँ शराब के बरखा होला। मानीं कि एह ग्रह पs जहाँ भी देखब, हर जगह शराब मिलेला। अंतर्राष्ट्रीय अंतरिक्ष एजेंसी नासा दुनिया के जानकारी देले बा कि शराब सूक्ष्म आणविक रूप में मौजूद बा। सबसे बड़ बात ई बा कि प्रोपेनॉल के रूप में ई अबतक ले अंतरिक्ष में मिलल सभसे बड़ अल्कोहल अणु हवे। हालांकि ई बिल्कुल पीये लायक ना रहे, लेकिन धरती से एतना दूर रहे कि एकरा के ले आवे के खाली कल्पना ही कईल जा सकेला। लेकिन इ खुलासा निश्चित रूप से साबित करता कि अंतरिक्ष में बहुत अयीसन चीज़ बा जवन कि इंसान के सोचे के उपर बा।

ई शराब कहाँ मिलेला?

नासा के मुताबिक इ अल्कोहल सैगिटेरियस B2 में पावल गईल बा, जहवां तारा के जन्म होखेला। ई क्षेत्र हमनी के आकाशगंगा के केंद्र के नजदीक बा। असल में एह इलाका के नजदीक हमनी के आकाशगंगा के एगो बड़हन ब्लैकहोल बा। दूसर ओर एकर दूरी के बात कईल जाए त इ हमनी के धरती से 170 प्रकाश वर्ष दूर बा। हमनी के बता दीं कि एह इलाका के खोज साल 2016 में अटाकामा लार्ज मिलिमीटर/सबमिलिमीटर एरे टेलीस्कोप से भइल रहे, एकरे बाद नासा एकरा पs नजर रखले बा आ इहाँ के सगरी गतिविधि सभ के नोट कs रहल बा।

एह पर विशेषज्ञ का कहत बाड़े?

यूनिवर्सिटी ऑफ वर्जीनिया के एस्ट्रोकेमिस्ट रॉब गैरोड एकरा के बहुत अनोखा मानत बाड़े। उ कहले कि, ‘प्रोपेनोल के दुनो रूप के एक संगे ले आवल बहुत बड़ बात बा अवुरी इ हरेक के निर्माण के निर्धारण में अनोखा तरीका से शक्तिशाली बा।’ ई एह से कहल जा सके ला कि दुनों में बहुत समानता बा, मने कि दुनों अणु सभ के एकही समय में एकही जगह पs मौजूद होखे के चाहीं। असल में शुरुआती अंतरिक्ष में अइसन कवनो क्रिया ना लउकेला। खासकर मिथाइल अल्कोहल, भा मेथनॉल (CH3OH) कहीं ना कहीं मिले वाला बड़हन बात बा। एकर अध्ययन से वैज्ञानिक लोग ग्रह के निर्माण अवुरी विनाश के प्रक्रिया के समझे में सक्षम होईहे।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.