स्वामी प्रसाद मौर्य के इस्तीफा से खाली भइल विधान सभा सीट पs मतदान आ मतगणना 12 जुलाई के 

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 19, 2024

उत्तर प्रदेश विधान परिषद विधान परिषद के सदस्य स्वामी प्रसाद मौर्य के 20 फरवरी के इस्तीफा देला के बाद रिक्त पड़ल सीट पs निर्वाचन आयोग कावर से मतदान के तारीख के ऐलान कs दिहल गइल

Share

उत्तर प्रदेश विधान परिषद विधान परिषद के सदस्य स्वामी प्रसाद मौर्य के 20 फरवरी के इस्तीफा देला के बाद रिक्त पड़ल सीट पs निर्वाचन आयोग कावर से मतदान के तारीख के ऐलान कs दिहल गइल बा। जवना पs 12 जुलाई के मतदान करावल जाई। बता दीं कि स्वामी प्रसाद मौर्य के विधान परिषद के सदस्य के रूप में कार्यकाल छव जुलाई 2028 तक रहे।

 

25 जून के नामांकन सुरू होई, 12 जुलाई के मतदान

मुख्य निर्वाचन अधिकारी नवदीप रिणवा बतवलें कि स्वामी प्रसाद मौर्य के रिक्त पड़ल सीट के भरे खातिर 25 जून मंगर के नामांकन के अधिसूचना जारी कइल जाई। ओहिजा, दु जुलाई मंगर के नामांकन के अंतिम तिथि बा। तीन जुलाई बुध के नामांकन के परचन के जांच कइल जाई। ओहिजा, पांच जुलाई 2024 सुक के नाम वापसी के अंतिम तिथि होई।

ऊ बतवलें कि 12 जुलाई सुक के सबेरे 9 बजे से सांझ चार बजे तक करावल जाई। एकरा बाद सांझ के पांच बजे से मतगणना कइल जाई। 16 जुलाई से पहिले निर्वाचन पूरा करा लिहल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.