Telangana: बीबीनगर में गोदावरी एक्सप्रेस के छव डिब्बा पटरी से उतरल, केहू हताहत ना, सिकंदराबाद जात रहे ट्रेन

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 15, 2023

तेलंगाना के बीबीनगर में बुध के सबेरे रेल दुर्घटना के खबर सामने आइल बा। बतावल गइल बा कि आंध्र प्रदेश के विशाखापत्तनम से तेलंगाना के सिकंदराबाद जा रहल गोदावरी एक्सप्रेस के छव डिब्बा सबेरे पटरी

Share

तेलंगाना के बीबीनगर में बुध के सबेरे रेल दुर्घटना के खबर सामने आइल बा। बतावल गइल बा कि आंध्र प्रदेश के विशाखापत्तनम से तेलंगाना के सिकंदराबाद जा रहल गोदावरी एक्सप्रेस के छव डिब्बा सबेरे पटरी से उतर गइल। हालांकि, एह दुर्घटना में केहू के जान जाये भा घायल होखला के खबर नइखे। दक्षिण-मध्य रेलवे के अधिकारी घटना के वजहन के पता लगावे में जुटल बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.