Varanasi News: बाबा के आशीर्वाद लेवे पहुंचले रेलवे बोर्ड के नया चेयरमैन

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 30, 2024

रेलवे बोर्ड के नवनियुक्त अध्यक्ष आ मुख्य प्रशासनिक अधिकारी के प्रभार सम्हारे से पहिले सतीश कुमार बाबा विश्वनाथ आ बाबा कालभैरव के दरबार में शामिल भइले। भारतीय रेलवे के ट्रैफिक एंड रोलिंग स्टॉक के सदस्य

Share

Railway board chairman

रेलवे बोर्ड के नवनियुक्त अध्यक्ष आ मुख्य प्रशासनिक अधिकारी के प्रभार सम्हारे से पहिले सतीश कुमार बाबा विश्वनाथ आ बाबा कालभैरव के दरबार में शामिल भइले। भारतीय रेलवे के ट्रैफिक एंड रोलिंग स्टॉक के सदस्य सतीश कुमार के 27 अगस्त के रेलवे के अध्यक्ष आ मुख्य प्रशासनिक अधिकारी बनावल गइल बा। उऽ एक सितंबर के प्रभार संभाल लीहें।

रेलवे के अधिकारी बतवले कि नयका अध्यक्ष गंगा के आशीर्वाद लेले। एकरा से पहिले उऽ मार्च महीना में बाबा विश्वनाथ के आशीर्वाद लेवे आइल रहले। सतीश कुमार कई साल से बनारस रेलवे इंजन फैक्ट्री में विभिन्न पद पर सेवा दे चुकल बाड़े।

पटियाला, गोरखपुर में सेवा देला के बाद उऽ उत्तरी रेलवे के लखनऊ डिवीजन के डीआरएम रहले। उऽ जयपुर में एसडीजीएम, एनडब्ल्यूआर के पदो पs काम कइले बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.