Varanasi News: ना रहलें काशी के मूर्धन्य विद्वान लक्ष्मीकांत दीक्षित, कइले रहलें राम मंदिर के प्राण-प्रतिष्ठा

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 22, 2024

Varanasi News: भारत के सब प्रांत सहित विश्व के  उपस्थिति में भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी द्वारा प्रतिष्ठा के मुख्य समारोह सम्पन्न कइल गइल। कीर्तिशेष दीक्षितजी के दिवंगत आत्मा के शाश्वत शांति खातिर साङ्गवेद विद्यालय

Share

Varanasi News: भारत के सब प्रांत सहित विश्व के  उपस्थिति में भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी द्वारा प्रतिष्ठा के मुख्य समारोह सम्पन्न कइल गइल। कीर्तिशेष दीक्षितजी के दिवंगत आत्मा के शाश्वत शांति खातिर साङ्गवेद विद्यालय परिवार आ श्रीगीर्वाणवाग्वर्धिनी सभा के ओर से बाबा विश्वनाथ से प्रार्थना कइल गइल।

काशी के मूर्धन्य विद्वान पं. लक्ष्मीकांत दीक्षित गुरुजी दुनिया से विदा लिहलें। अंतिम यात्रा 11 बजे उनका निवास स्थान मंगलागौरी से निकल गइल होई। काशी के मूर्धन्य वैदिक श्रौत-स्मार्त कर्मकाण्ड विशेषज्ञ साङ्गवेद विद्यालय के यजुर्वेदाध्यापक लक्ष्मीकान्त दीक्षित के निधन से सनातनी जगत के बहुत बड़ नुकसान भइल बा। इनके हाथे 22 जनवरी के अयोध्या में श्रीरामलला के प्राण-प्रतिष्ठा भइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.