Vande Bharat: यात्रियों के हो गइल मौज, एह रूटन पऽ दउड़ी वंदे भारत स्लीपर, जानीं पूरा बात

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 24, 2024

Vande Bharat Sleeper: 15 अगस्त के बाद से वंदे भारत स्लीपर ट्रेनन के ट्रायल शुरू कइल जाई।ट्रायल सफल भइला के बाद जलदिए एह ट्रेन के आम यात्रियन खातिर शुरू कइल जाई वंदे भारत ट्रेन के

Share

Vande Bharat Sleeper: 15 अगस्त के बाद से वंदे भारत स्लीपर ट्रेनन के ट्रायल शुरू कइल जाई।ट्रायल सफल भइला के बाद जलदिए एह ट्रेन के आम यात्रियन खातिर शुरू कइल जाई

वंदे भारत ट्रेन के चाहे वालन खातिर खुशखबरी बा। जी हऽ, रेलवे वंदे भारत स्लीपर ट्रेनन के चलावे के प्लानिंग पूरा कऽ लेले बा। अइसन बतावल जा रहल बा कि 15 अगस्त से वंदे भारत स्लीपर ट्रेनन के ट्रायल शुरू कइल जाई। ट्रायल सफल भइला के बाद जलदिए एह ट्रेन के आम यात्रियन खातिर शुरू कइल जाई। अपना एगो बयान में रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव घोषणा कइले रहले कि भारतीय रेलवे 2029 तक वंदे भारत स्लीपर ट्रेनन के लगभग 250 यूनिट के चलावे खातिर प्लानिंग में बा।

कतना होई वंदे भारत स्लीपर के स्पीड

नया वंदे भारत स्लीपर अधिकतम 160 किलोमीटर प्रति घंटा के गति से चले के संभावना बा, आ एकर बाहरी डिजाइन लगभग वंदे भारत एक्सप्रेस के समान बतावल जा रहल बा। बताया जा रहा बा कि एह ट्रेन में कुल 16 कोच होई आ यात्रियन खातिर आरामदायक यात्रा खातिर 823 बर्थ होई। एह ट्रेन में यात्रियन के हवाई जहाज जइसन सुविधा प्रदान कइल जाई। भोजन आ पानी उपलब्ध करावे खातिर पैंट्री व्यवस्था होई। बाहरी हिस्सा में एगो स्वचालित दरवाजा, एगो गंध रहित शौचालय शामिल होई। एह ट्रेन के कोच पूरा तरे से ध्वनि-रोधी होई आ यात्रा के दौरान यात्रियन खातिर आराम मुहैया करावल जाई।

रेलवे जलदिए शुरू करी वंदे भारत मेट्रो

रेलवे विभाग के ओर से आसपास के शहरन के जोड़े वंदे भारत मेट्रो सेवा शुरू किए जाने की प्लानिंग चल रही है। ये ट्रेनें कानपुर-लखनऊ, दिल्ली-मेरठ, मुंबई-लोनावाला, वाराणसी- प्रयागराज, पुरी-भुवनेश्वर और आगरा-मथुरा के बीच संचालित होने की संभावना है। बताया जा रहा है कि प्रत्येक कोच में 250 लोग आसानी से यात्रा कर सकते हैं। रेलवे द्वारा जल्द ही वंदे भारत मेट्रो का ट्रायल रन किया जाएगा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.