आप के बरिआर झटका: 300 से बेसी पदाधिकारी लो के इस्तीफा, कहल लो- प्रदेश में पार्टी के नइखे कवनो भविष्य

By Anurag Ranjan

Published on: May 23, 2022

उत्तराखंड में आम आदमी पार्टी के एक बेर फेर से झटका लागल बा। कर्नल अजय कोठियाल आ पूर्व कार्यकारी अध्यक्ष भूपेश उपाध्याय के बाद तीन सौ से बेसी पदाधिकारी लो सामूहिक इस्तीफा देले बा। पार्टी

Share

उत्तराखंड में आम आदमी पार्टी के एक बेर फेर से झटका लागल बा। कर्नल अजय कोठियाल आ पूर्व कार्यकारी अध्यक्ष भूपेश उपाध्याय के बाद तीन सौ से बेसी पदाधिकारी लो सामूहिक इस्तीफा देले बा। पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के भेजल गइल इस्तीफा में पदाधिकारी लो लिखल कि वर्तमान में जवना तरे से संगठन काम कs रहल बा, ओसे लागत बा उत्तराखंड में आप के कवनो भविष्य नइखे।

पार्टी के पूर्व कार्यकारी अध्यक्ष भूपेश उपाध्याय के माध्यम से तीन सौ से जादे पार्टी के पदाधिकारी सामूहिक इस्तीफा पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल के भेजले बा लो। पार्टी छोडे आलन में पूर्व प्रवक्ता नवीन पिरशाली, सैनिक प्रकोष्ठ के पूर्व अध्यक्ष कर्नल सुनील कोटनाला (सेनि) समेत विधानसभा आ जिलन के पूर्व पदाधिकारी शामिल बा लो।

भूपेश उपाध्याय कहले कि आम आदमी पार्टी के नीतियन पs भरोसा जताके पदाधिकारी आ कार्यकर्ता संगठन के मजबूती ला  काम कइल, बाकिर पार्टी के कथनी आ करनी में अंतर बा। जवना से आहत होके 90 प्रतिशत पदाधिकारी आ कार्यकर्ता लो पार्टी छोड़ देले बा लो। ऊ कहले कि जे केहू पदाधिकारी आ कार्यकर्ता पार्टी छोड़ के गइल बा लो। ओह लो के जल्दिये बइठक बोलावल जाई। जवना में आगे के रणनीति पs चर्चा कइल जाई।

ऊ कहले कि पार्टी में कुछ लोग संगठन के बर्बाद करे के कोशिश कइले बा। एकरा बावजूद पार्टी के प्रत्याशी लो विपरीत परिस्थितियन में विधानसभा चुनाव लड़ले बा। उत्तराखंड में पार्टी के जवन हार भइल बा। ओकरा ला पार्टी के कुछ लोग जिम्मेदार बा। पूर्व प्रवक्ता नवीन पिरशाली कहले कि पार्टी में संगठन आ सिस्टम नाम के कवनो चीज नइखे। जवना से ऊ इस्तीफा देवे के फसीला लेले बाड़े। राज्य में पार्टी के मजबूत करे ला एक-एक कार्यकर्ता के जोड़ल गइल बा बाकिर पार्टी काम करे आलन के नजरअंदाज कइले बिया।

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.