उत्तराखंड: स्कूल में छात्र-छात्रा अउर शिक्षक-कर्मचारियन के मास्क पहिनल अनिवार्य

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 29, 2022

उत्तराखंड के सरकारी स्कूल में छात्र-छात्रा अउर शिक्षक-कर्मचारियन के मास्क पहन के आइल अनिवार्य होई। एह आशय के आदेश मुख्य शिक्षा अधिकारी डॉ. मुकुल कुमार सती देहरादून जिला के सब सरकारी, निजी अउर अशासकीय स्कूलन

Share

उत्तराखंड के सरकारी स्कूल में छात्र-छात्रा अउर शिक्षक-कर्मचारियन के मास्क पहन के आइल अनिवार्य होई। एह आशय के आदेश मुख्य शिक्षा अधिकारी डॉ. मुकुल कुमार सती देहरादून जिला के सब सरकारी, निजी अउर अशासकीय स्कूलन के प्रधानाचार्य के जारी कइले बानें।

साथही महानिदेशक विद्यालयी शिक्षा अउर माध्यमिक शिक्षा के संगे-संगे देहरादून के जिलाधिकारी, सीएमओ अउर सब खंड शिक्षा अधिकारियन अउर मंडलीय अपर निदेशक के भी एह संबंध में कार्यवाही खातिर पत्र भेजल गइल।

स्कूल के प्रधानाचार्यन के भेजल गइल पत्र में मुख्य शिक्षा अधिकारी कहनें कि कोरोना संक्रमण से बचाव अउर रोकथाम खातिर स्कूल में थर्मल स्कैनिंग अउर सैनिटाइजर के व्यवस्था कइल जाव। साथही स्कूल में जागरूकता कार्यक्रम चलावल जाय।

कोरोना संक्रमण से बचाव खातिर केंद्र अउर राज्य सरकार के ओर से जारी एसओपी के पालन हर हाल में सुनिश्चित करावल जाय। चिट्ठी में ऊ केंद्र सरकार अउर आपदा प्रबंधन प्राधिकरण के चिट्ठी के हवाला दिहले बानें जेमें सर्दी बढ़ले के संगे देश में कोरोना संक्रमण बढ़ले के आशंका जतावल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.