अमेरिका में मचल हंगामा, डोनाल्ड ट्रंप पs फेर चलल गोली

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 16, 2024

    अब से कुछ दिन बाद अमेरिका राष्ट्रपति पद खातिर वोट देबे वाला बा. हालांकि एह बीच एक बेर फेरु से राष्ट्रपति रहल आ रिपब्लिकन पार्टी के राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार डोनाल्ड ट्रंप के

Share

डोनाल्ड ट्रंप पs फेर भइल हमला: फोटो

 

 

अब से कुछ दिन बाद अमेरिका राष्ट्रपति पद खातिर वोट देबे वाला बा. हालांकि एह बीच एक बेर फेरु से राष्ट्रपति रहल आ रिपब्लिकन पार्टी के राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार डोनाल्ड ट्रंप के लगे गोलीबारी हो गइल बा. अमेरिकी खुफिया सेवा के कहल बा कि ऊ एह मामिला के जाँच करत बिया. बता दीं कि डोनाल्ड ट्रंप एह सप्ताहांत में अपना वेस्ट कोस्ट दौरा से फ्लोरिडा लवट अइले. ई घटना ठीक एहिजा भइल.

डोनाल्ड ट्रंप सुरक्षित बाड़े

डोनाल्ड ट्रंप के प्रचार टीम आ खुफिया सेवा एह बात के जानकारी दिहले बा कि पूर्व राष्ट्रपति पूरा तरह से सुरक्षित बाड़े. फिलहाल इs साफ नईखे कि इs फायरिंग अमेरिकी राष्ट्रपति चुनाव के रिपब्लिकन उम्मीदवार के निशाना पs भईल रहे कि ना। ए घटना में केहु के घाही होखे के कवनो खबर नईखे।

बता दीं कि डोनाल्ड ट्रंप अक्सर आपन सबेरे गोल्फ खेलत बितावेलें आ वेस्ट पाम बीच के ट्रम्प इंटरनेशनल गोल्फ क्लब में लंच करेलें. अधिकारियन के ई पता लगावे के कोशिश बा कि ई गोली ट्रंप के वेस्ट पाम बीच गोल्फ कोर्स के लगे चलल बा कि मैदान में.

हमला पहिले भी भईल रहे

बता दीं कि एहसे पहिले 13 जुलाई के अमेरिका के पेनसिल्वेनिया में चुनावी रैली के दौरान एगो बंदूकधारी पूर्व राष्ट्रपति ट्रंप के निशाना बनावत गोलीबारी कइले रहुवे. एह हमला में ट्रंप के दाहिना कान से गोली चूक गइल जबकि रैली में शामिल एक आदमी के मौत हो गइल आ दू गो अउरी गंभीर रूप से घवाहिल हो गइलें.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.