यूपी: लखनऊ के हजरतगंज मेट्रो स्टेशन के बम से उड़ावे के धमकी से मचल हड़कंप, पुलिस जांच में जुटल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 8, 2023

लखनऊ : यूपी के लखनऊ से बड़ खबर सामने आईल बा। इहाँ के हजरतगंज मेट्रो स्टेशन पs बम के धमकी मिलल बा। हजरतगंज के एसीपी अरविंद कुमार वर्मा इ जानकारी देले बाड़े। उ बतवले कि,

Share

लखनऊ : यूपी के लखनऊ से बड़ खबर सामने आईल बा। इहाँ के हजरतगंज मेट्रो स्टेशन पs बम के धमकी मिलल बा। हजरतगंज के एसीपी अरविंद कुमार वर्मा इ जानकारी देले बाड़े। उ बतवले कि, ‘पुलिस कंट्रोल रूम में काल्ह रात के हजरतगंज मेट्रो स्टेशन के उड़ावे के फोन आईल।’ फोन करेवाला आपन नाम रमेश शुक्ला बतावत बतवले कि स्टेशन के उड़ावे के योजना बनावल गईल बा अवुरी एकरा पीछे बांदा निवासी दिनेश कुमार नाम के आदमी बाड़े। पूरा मेट्रो स्टेशन के तलाशी लिहल गईल, लेकिन देर रात तक कवनो बम ना मिलल। जांच जारी बा।

पुलिस विभाग पूरा तरह से सतर्क बा

पुलिस के जसही मेट्रो स्टेशन के बम से उड़ावे के धमकी मिलल, पुलिस विभाग के पूरा अलर्ट क दिहल गईल, लेकिन फोन पs बम के जानकारी देवे वाला आदमी आपन फोन बंद क देलस। जेकरा बाद पुलिस मेट्रो स्टेशन के हर कोना-कोना में तलाशी लिहलस।

मेट्रो स्टेशनन पs बम निरोधक दस्ता तैनात रहे आ मेट्रो स्टेशनन पs डॉग स्क्वाड समेत भारी बल मौजूद रहल। दरअसल धमकी देवे वाला बतवले रहे कि स्टेशन पs बम बा, जवन कि रात के 11.40 बजे फट जाई। हालांकि पुलिस देर रात ले कार्रवाई कईलस लेकिन कवनो बम बरामद ना भईल।

 

Tags:

,

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.