Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP News: हारल सीटन के जीते खातिर हुंकार भरी लो भाजपा के दिग्गज, जेपी नड्डा 27 के, शाह 29 के करिहें जनसभा

मोदी सरकार के नव साल पूरा होखला पs भाजपा के ओर से संचालित कइल जा रहल महाजनसंपर्क अभियान के अंतर्गत पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जगत प्रकाश नड्डा 27 जून के श्रावस्ती और केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह 29 जून के बिजनौर में जनसभा के संबोधित करिहें।

2,001

मोदी सरकार के नव साल पूरा होखला पs भाजपा के ओर से संचालित कइल जा रहल महाजनसंपर्क अभियान के अंतर्गत पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जगत प्रकाश नड्डा 27 जून के श्रावस्ती और केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह 29 जून के बिजनौर में जनसभा के संबोधित करिहें। पिछला आम चुनाव में भाजपा ई दुनो लोकसभा सीट हार गइल रहे।

महाजनसंपर्क अभियान के तहत प्रत्येक लोकसभा क्षेत्र में प्रेस कान्फ्रेंस, प्रबुद्ध वर्ग सम्मेलन, व्यापारी सम्मेलन, इंटरनेट मीडिया संवाद, वरिष्ठ कार्यकर्ता लोगन के बैठक, टिफिन बैठक, भाजपा के मोर्चन के संयुक्त सम्मेलनन के संगही अब जनसभो सुरू हो चुकल बा। एही कड़ी में श्रावस्ती में नड्डा आ बिजनौर में अमित शाह जनसभा के संबोधित कs के भाजपा के जितावे खातिर हुंकार भरी लो।

भाजपा के प्रदेश महामंत्री संजय राय बतवलें कि महाजनसंपर्क अभियान के अंतर्गत अभी तक गौतम बुद्ध नगर, फिरोजाबाद, मिश्रिख, गोंडा में जनसभा भइल बा। अतवार के लखनऊ बहराइच, एटा, खीरी आ कैसरगंज लोकसभा क्षेत्रन में जनसभा आयोजित भइल। ऊ बतवलें कि 12 जून के सीतापुर, बाराबंकी, श्रावस्ती, प्रतापगढ़, हाथरस आ देवरिया में जनसभा होई।

महाजनसंपर्क अभियान के तहत बीतल 30 मई से अब तक संपन्न भइल कार्यक्रमन के समीक्षा आ आवे वाला कार्यक्रमन आ लोकसभा क्षेत्रन में होखे वाली जनसभा के तइयारियन के लेके पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष भूपेन्द्र सिंह चौधरी आ प्रदेश महामंत्री (संगठन) धर्मपाल सिंह अतवार के वर्चुअल माध्यम से बैठक कs के जरुरी दिसा निरदेस देलें।

प्रदेश अध्यक्ष कहलें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में केंद्र सरकार के नव बरिसन में देस के चहुंमुखी विकास भइल आ गरीब, वंचित वर्ग मूलभूत सुविधाएं पा सकल। प्रधानमंत्री के रूप में देस के प्रधानसेवक मिलल, जे पुराने ढर्रन के बदल के सरकार के योजनन के गरीब केंद्रित कइल। महाजनसंपर्क अभियान के तहत आयोजित कइल जा रहल कार्यक्रमन से जनता के जुड़ाव आ कार्यकर्ता लोगन के उत्साह ई बता रहल बा कि भाजपा प्रदेश के सब 80 लोकसभा सीट जीती।

प्रदेश महामंत्री (संगठन) कहलें कि महाजनसंपर्क अभियान मिशन 2024 के पहिले के तइयारी हs। अभियान के तहत भाजपा प्रत्येक लोक सभा क्षेत्र में जनसभन के माध्यम से मोदी सरकार के उपलब्धियन के लेके जनता के दरबार में पहुंची। चुनाव से पहिले चुनाव के तइयारी कs के भाजपा कार्यकर्ता विजय खातिर उर्वर भूमि तइयार कइल जानत बा लो। पार्टी के जनसभान में समाज के सब वर्गन के सहभागिता होखे, एकरा खातिर हमनी के योजनाबद्ध ढंग से काम करे के होई। वर्चुअल बैठक में कलस्टर प्रमुख, सांसद, विधायक, प्रदेश पदाधिकारी, क्षेत्रीय अध्यक्ष, जिलाध्यक्ष, जिला प्रभारी सहित अभियान से जुड़ल पार्टी पदाधिकारी सामिल भइल लो।

562780cookie-checkUP News: हारल सीटन के जीते खातिर हुंकार भरी लो भाजपा के दिग्गज, जेपी नड्डा 27 के, शाह 29 के करिहें जनसभा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.