UP MLC Elections Result: गोरखपुर-फैजाबाद खंड सीट पs बीजेपी के फतह, BJP के देवेंद्र सिंह दर्ज कइलें जीत

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 3, 2023

UP MLC Elections Result 2023: यूपी एमएलसी चुनाव (MLC Elections) में चार सीटन पs वोटन के गिनती पूरा हो गइल बा। गोरखपुर (Gorakhpur) फैजाबाद (Faizabad) खंड स्नातक सीट पs वोटन के गिनती पूरी होखला के

Share

UP MLC Elections Result 2023: यूपी एमएलसी चुनाव (MLC Elections) में चार सीटन पs वोटन के गिनती पूरा हो गइल बा। गोरखपुर (Gorakhpur) फैजाबाद (Faizabad) खंड स्नातक सीट पs वोटन के गिनती पूरी होखला के बाद रिजल्ट के घोषणा कs दिहल गइल बा। एह सीट पs बीजेपी (BJP) के प्रत्याशी देवेंद्र प्रताप सिंह (Devendra Pratap Singh) ने जीत दर्ज कइलें बाड़ें। ऊ समाजवादी पार्टी (Samajwadi Party) के प्रत्याशी के हरवले बाड़ें।

गोरखपुर फैजाबाद खंड स्नातक सीट पs सुक के सबेरे गिनती पूरा होखला के बाद बीजेपी प्रत्याशी जीत दर्ज कs लेले बाड़ें। इहां से बीजेपी के प्रत्याशी देवेंद्र प्रताप सिंह 17,562 वोटन से जीत दर्ज कइलें बाड़ें। ऊ सपा प्रत्याशी करुणाकांत मौर्य के हरवले। देवेंद्र प्रताप सिंह जीत के बाद कहलें कि सपा के हवा निकल चुकल बा। 2024 में हमनी के सब 80 सीटन पs कमल खिलावे के तइयारी कs लेले बानी सs। जनता बता देलस कि जे केहूओ सनातन धर्म के अनादर करी जनता ओकरा के सीखा दी।

सपा पs सधलें निशाना

बीजेपी प्रत्याशी जीत के बाद कहलें कि हम आगे सीएम योगी आदित्यनाथ आ पीएम नरेंद्र मोदी के विजन के आगे ले जाये के काम करेम। जब सपा के हार के आशंका भइल तs ऊ गड़बड़ी के आशंका जतवलस। बीजेपी बरेली-मुरादाबाद खंड स्नातक सीट, गोरखपुर-फैजाबाद स्नातक सीट, कानपुर-उन्नाव स्नातक खंड आ झांसी-इलाहाबाद शिक्षक खंड सीट पs जीत दर्ज कइले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.