उत्तर प्रदेश निकाय चुनाव: महापौर उम्मीदवार के देवे के होई 12 हजार रुपिया जमानत राशि

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 8, 2023

उत्तर प्रदेश नगरीय निकाय चुनाव में उम्मीदवारन खातिर नामांकन पत्र के मूल्य आ जमानत राशि के सूचना जारी कs दिहल गइल बा। सभे जिला निर्वाचन अधिकारियन के एह बाबत पत्र भेज दिहल गइल बा। महापौर

Share

उत्तर प्रदेश नगरीय निकाय चुनाव में उम्मीदवारन खातिर नामांकन पत्र के मूल्य आ जमानत राशि के सूचना जारी कs दिहल गइल बा। सभे जिला निर्वाचन अधिकारियन के एह बाबत पत्र भेज दिहल गइल बा। महापौर पद खातिर सामान्य श्रेणी के उम्मीदवार के खातिर नामांकन पत्र के मूल्य एक हजार रूपिया, जमानत राशि 12000 रुपिया, पार्षद खातिर मूल्य 400 रुपिया आ जमानत राशि 2500 रुपिया तय कइल गइल बा।

एससीएसटी, महिला आ ओबीसी वर्ग के खातिर महापौर पद के नामांकन पत्र के मूल्य 500 रुपिया आ जमानत राशि 6000 रुपिया, पार्षद खातिर 200 आ जमानत के राशि 1250 रुपिया तय कइल गइल बा। नगर पालिका अध्यक्ष खातिर नामांकन पत्र के कीमत सामान्य वर्ग खातिर 500 रुपिया, जमानत राशि 8000 रुपिया, एससीएसटी, महिला आ ओबीसी खातिर 250 आ जमानत के राशि 4000 रुपिया तय कइल गइल बा। सदस्य खातिर सामान्य वर्ग ला 200, जमानत राशि 2000, एससीएसटी, महिला आ ओबीसी खातिर 100 आ जमानत राशि 1000 रुपिया तय कइल गइल बा।

सामान्य वर्ग खातिर नामांकन पत्र के कीमत 250 रुपिया

नगर पंचायत अध्यक्ष पद में सामान्य वर्ग खातिर नामांकन पत्र के कीमत 250 रुपिया, जमानत राशि 5000 रुपिया, एससीएसटी महिला आ ओबीसी वर्ग खातिर नामांकन पत्र के मूल्य 125 आ जमानत राशि 2500 रुपिया तय कइल गइल बा। सदस्य खातिर एही तरे सामान्य वर्ग खातिर 100 रुपिया आ जमानत राशि 2000 रुपिया, एससीएसटी, महिला ओबीसी खातिर 50 आ जमानत राशि 1000 रुपिया तय कइल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.