Unnao: करंट लगला से सिपाही के मौत, लोहा के तार पऽ कपड़ा फइलावत घरी भइल हादसा

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 16, 2024

उन्नाव जिला के औरास थाना में तैनात एगो सिपाही के सरकारी कमरा में लागल लोहा के तार से करंट लाग गइल। साथी सिपाही उनका के स्वास्थ्य केंद्र ले अइले, जहां डॉक्टर उनका के मृत घोषित

Share

उन्नाव जिला के औरास थाना में तैनात एगो सिपाही के सरकारी कमरा में लागल लोहा के तार से करंट लाग गइल। साथी सिपाही उनका के स्वास्थ्य केंद्र ले अइले, जहां डॉक्टर उनका के मृत घोषित कऽ देले। औरास थाना में तैनात कांस्टेबल हरेन्द्र सिंह सरकारी कक्ष में रहत रहे।

बुध के सबेरे दस बजे नहाए के बाद उऽ बहरी लोहा के तार पs कपड़ा पसारे गईले। तार से करंट लाग गइल अउरी उनकर मौत हो गइल। घटना के जानकारी मिलला पs सीओ अरविंद चौरसिया, एसओ अश्वनी मिश्रा मौका पs पहुंच के उच्च अधिकारी के घटना के जानकारी देले।

मरेवाला हरेन्द्र सिंह मूल रूप से आगरा जिला के खंडौली थाना के मालूपुर गांव के निवासी रहले। हरेन्द्र सेना से सेवानिवृत्त होखला के बाद साल 2019 में सिपाही पद में शामिल भइले। करीब नौ महीना पहिले उनकर तबादला बिगापुर कोतवाली से औरस थाना में हो गइल रहे। उनकर पत्नी मोनिका के संगे एगो बेटा अउरी बेटी बाड़ी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.